महिला के सूझबूझ से टलल रेल हादसा: टूटल पटरी देख के महिला आपन लाल साड़ी उतार रेलवे ट्रैक पर बधली

कुमार आशू

सूझबूझ से टलल रेल हादसा: टूटल पटरी देख के महिला आपन लाल साड़ी उतार रेलवे ट्रैक पर बधली, रोकववली ट्रेन

एटा से आगरा जा रहल सवारी रेलगाड़ी गुरुवार के बड़ हादसा ल
के शिकार होखले से बच गइल। अवागढ़ ब्लॉक क्षेत्र के गांव नगला गुलरिया के लग्गे रेल के पटरी टूटल रहे। गांव के महिला ओमवती टूटल पटरी देखली त खतरा भांप लेहली। ट्रेन सामने से आवत रहल। ओमवती लाल साड़ी पहिनले रहली। ऊ साड़ी उतारके ट्रैक के बीचोंबीच बांध देहली अउर रेल चालक के खतरा के इशारा देहली। चालक इशारा के समझ के ट्रेन रोक देहनें। बाद में रेलवे अधिकारियन के सूचना देहल गइल। जेपर कर्मचारियन के भेज के पटरी के सही करवले के काम शुरू करावल गइल।

सुबह 8.20 बजे गांव नगला गुलरिया पर ट्रेन पहुंचल रहे। एही दौरान गांव की ओमवती उहां से होत अपने खेत पर जात रहली। तब्बे उनकर नजर पटरी के एगो हिस्सा पर पड़ल जोन टूटल रहे। अवागढ़ से आवत ट्रेन के रोकववले खातिर ऊ आपन लाल रंग के साड़ी के उतार के ट्रैक पर बांध देहली। ट्रेन चालक एके देख के ब्रेक लगा के ट्रेन रोक देहनें।

150 यात्री करत रहने ट्रेन में यात्रा

 

एटा रेलवे स्टेशन से सुबह साढ़े सात बजे करीब 150 यात्री आगरा खातिर रवाना भइल रहने। रेलवे कर्मचारी लोग बतावल कि बृहस्पतिवार के करीब 150 यात्री लोग आगरा गइले खातिर टिकट खरीदले रहने। महिला के साहस अउर समझदारी से बड़ हादसा टल गइल।

Share This Article