[the_ad_group id="30365"]

मोदी जम्मू में, AIIMS-IIM के उद्घाटन कइलें : PM बोललें- पहिले जम्मू-कश्मीर से आतंक- अलगाव के खबर आवल करे, अब विकास हो रहल बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जम्मू के दौरा पs बाड़ें। ऊ इहां अखिल भारतीय आयुर्वेद संस्थान (AIIMS) के उद्घाटन कइलें। खास बात ई बा कि 2019 में एकर आधारशिला PM मोदी रखले रहस। मोदी जम्मू के मौलाना आजाद स्टेडियम में होखे वाला समारोह के दौरान करीब 32 हजार करोड़ के प्रोजेक्ट्स के लोकार्पण आ शिलानयासो कइलें। ओहिजा, प्रधानमंत्री जम्मू एयरपोर्ट के नया टर्मिनल भवन आ ‘कॉमन यूजर फैसिलिटी’ पेट्रोलियम डिपो के आधारशिला रखलें।

मोदी कहलें कि पहिले जम्मू-कश्मीर से आतंकवाद, अलगाववाद के आवाज उठत रहे। अब इहां हर सेक्टर में विकास हो रहल बा। राज्य में अब 12 गो मेडिकल कॉलेज बा। घाटी ट्रेन से जुड़ चुकल बा। जम्मू-कश्मीर देस के अइसन राज्य बा, जहां दुगो एम्स बन रहल बा।

मोदी के भाषण के दौरान सभा में कवनो लईकी रोवत रहे। पीएम कहलें, ओकरा के परेसान मत करीं। केतना पेयारी लईकी बिया। हमरा लगे रहती तs ढेरे आसिरबाद देती। रउआ लोग विपरीत मौसम में इहां बइठल, ई काबिले तारीफ बा।

कश्मीर के लोग जल्दिये ट्रेन से समूचा देस के सफर पs निकल पाई

मोदी कहलें- पहिले भारत के एगो हिस्सा में काम होत रहे आ जम्मू-कश्मीर के लोगन के सहजोग मिलत ना रहे भा बहुते देर से मिलत रहे। आज जम्मू एयरपोर्ट के विस्तार पs काम हो रहल बा। कश्मीर के कन्याकुमारी से रेल से जोड़े के काम आउर तेजी से बढ़ल बा। ऊ दिन दूर नइखे, जब कश्मीर से ट्रेन में बइठ के लोग पूरा देस के सफर पs निकल पाई लो। जम्मू-कश्मीर के आज पहिला इलेक्ट्रिक ट्रेन मिलल बा।

जब देस में वंदे भारत आधुनिक ट्रेन सुरू भइल, एकरा सुरुआती रूट में जम्मू-कश्मीर के चुनल गइल। माता वैष्णो देवी तक पहुंचना आसान बना देलस। गांव के सड़क होखे भा नेशनल हाईवे, चौतरफा काम चल रहल बा। ई काम जब पूरा होई, तब किसानन आ टूरिज्म के लाभ होई।

स्वसहायता समूहन खातिर लाखन रुपिया के ड्रोन दिहल जाई  

मोदी कहलें कि रउआ लोग नमो ड्रोन दीदी के बारे में सुनले होखेम। मोदी के गारंटी बा कि महिला लोगन के ड्रोन पायलट बनावल जाई। एगो महिला के सुनत रहनी, कहत रहली कि साइकिल चलावे ना आवत रहे आ आज ट्रेनिंग के बाद ड्रोन पायलट बनके जा रहल बानी। एह ड्रोन से खेती-बागवानी में मदद होई। हजारन स्वसहायता समूहन के लाखन रुपिया के ड्रोन दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]