[the_ad_group id="30365"]

Ritu Raj Singh: टीवी अभिनेता ऋतुराज सिंह के भइल निधन, 59 साल के उमिर में लेले अंतिम सांस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टीवी अभिनेता ऋतुराज सिंह के निधन हो गइल बा। उऽ 1993 में टीवी पऽ प्रसारित ‘होगी अपनी बात’, ‘ज्योति’, ‘हिटलर दीदी’, ‘शपथ’, ‘वॉरियर हाई’, ‘आहट और अदालत’, ‘दीया और बाती’ हम जैसे कई गो भारतीय टीवी शो में आपन अलग-अलग भूमिका निमहले रहलें। अभिनेता के अचानक निधन के खबर सुन के फैंस काफी शॉक हो  गइल लो। अभिनेता के मौत हार्ट अटैक से भइल बा।

अनुपमा में आवत रहस नजर

ऋतुराज सिंह ए घरी टीवी के लोकप्रिय शो ‘अनुपमा’ में नजर आवत रहस। अभिनेता के अचानक निधन के खबर सुन के टीवी इंडस्ट्री में शोक के लहर दउड़ गइल बा। ऋतुराज कई गो आउर लोकप्रिय टीवी शोज में काम कइले बाड़े, जवना में ‘ये रिश्ता क्या कहलाता है’ शामिल बा। अभिनेता के निजी जीवन के बात कइल जाव तऽ ऋतुराज सिंह के पूरा नाम ऋतुराज सिंह चंद्रावत सिसोदिया रहें। उनकर जन्म कोटा, राजस्थान में एगो सिसोदिया राजपूत परिवार में भइल रहें।

अभिनय खातिर आइल रहलें मुंबई  

ऋतुराज सिंह आपन स्कूली शिक्षा दिल्ली में पूरा कइले रहलें। साल 1993 में मुंबई चल अइले आ अभिनय के बतौर करियर के रूप में चुनले। ऋतुराज अब ले कई गो हिंदी फिल्मन में अभिनय कर चुकल बाड़े, जवना में एक खेल राजनीति, बद्रीनाथ की दुल्हनिया आदि फिल्म शामिल बाड़ी सन। ऋतुराज सिंह  12 वर्षों ले बैरी जॉन के थिएटर एक्शन ग्रुप (TAG) के साथे दिल्ली में थिएटर में काम कइले रहलें आ जी टीवी पऽ प्रसारित लोकप्रिय हिंदी टीवी गेम शो, तोल मोल के बोल में अभिनय कइले बाड़े।

सोशल मीडिया पऽ फैंस दे रहल बाड़े श्रद्धांजलि 

सोशल मीडिया पऽ फैंस के साथे टीवी के दिग्गज हस्ति लो श्रद्धांजलि दे रहल बा। एगो यूजर लिखले बाड़े , ‘सुलझल अभिनेता के ऊपर वाला जल्दीए बोला लेले।’दूसरे यूजर ने लिखा, ‘भगवान उनका आत्मा के शांति देस।’ एगो आउर यूजर लिखले, ‘अनुपमा में उनकर अभिनय सराहनीय रहल हऽ। हम उनका बजहें से शो देखत रहनीं। ई कवनो उम्र ना रहें जाए के।’

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]