[the_ad_group id="30365"]

ना रहलें सुप्रीम कोर्ट के दिग्गज वकील फली एस नरीमन, 95 के उमिर में लेले अंतिम सांस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फली एस नरीमन के आज निधन हो गइल हऽ। उऽ आज (21 फरवरी) 95 के उमिर में अंतिम सांस लेले। उनकर कार्यालय ई जानकारी देलस हऽ। पूर्व प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी सरकार के दौरान उऽ एडिशनल सॉलिसिटर जनरल रहले। उनकर बेटा रोहिंटन नरीमनों सुप्रीम कोर्ट के वकील रह चुकल बाड़े। उनका निधन पऽ शोक प्रकट करत सुप्रीम कोर्ट के वकील अभिषेक मनु सिंघवी दुख प्रकट कइले।

फली नरीमन कई गो ऐतिहासिक मामला में बहस कइले, जवना में राष्ट्रीय न्यायिक नियुक्ति आयोग के प्रसिद्ध मामला शामिल रहल बा, जवना के सुप्रीम कोर्ट रद्द कऽ देले रहें।

2007 में पद्म विभूषण से भइल रहलें सम्मानित

10 जनवरी, 1929 के जन्मल नरीमन 1972 आ 1975 के बीच अतिरिक्त सॉलिसिटर जनरल के रूप में काम कइले रहलें। उऽ आपातकाल के दौरान ए पद से इस्तीफा दे देले रहलें। फली नरीमन के जनवरी 1991 में पद्म भूषण मिलल आ 2007 में उनका के पद्म विभूषण से सम्मानित कइल गइल। उनकर बेटा रोहिंटन नरीमन, सुप्रीम कोर्ट के न्यायाधीश रहलें ।

उऽ एगो लिविंग लीजेंड रहलें: अभिषेक मनु सिंघवी

उनका निधन पऽ शोक प्रकट करत सुप्रीम कोर्ट के वकील अभिषेक मनु सिंघवी एक्स पर लिखले,” उऽ एगो लिविंग लीजेंड रहलें, जेकरा कानून आ सार्वजनिक जीवन से जुड़ल लोग हमेशा याद करी। आपन उपलब्धियन के अलावा, उऽ अपना सिद्धांतन पऽ अटल रहलें।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]