Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

MLC चुनाव: नौ दिसंबर ले वोटर बनले के एगो अउर मौका, अइसे करीं आवेदन

874
गोरखपुर-फैजाबाद खंड स्नातक (एमएलसी) निर्वाचन क्षेत्र से मतदाता बने खातिर एगो अउर मौका बा। बुध के मतदाता सूची के ड्राफ्ट प्रकाशन के संगे मतदाता बनावे के काम फिर शुरू हो गइल। नौ दिसंबर ले आवेदन लिहल जाई। 30 दिसंबर के मतदाता सूची के अंतिम प्रकाशन होक।
एक अक्तूबर 2022 से नया सिरे से तैयार कइल जा रहल मतदाता सूची खातिर निर्वाचन क्षेत्र के सब 17 जिला से वोटर बने खातिर कुल दू लाख 20 हजार 915 आवेदन आइल रहे। एहमें से 1 लाख 98 हजार 611 आवेदनन के स्वीकृति मिलल बा।  3,339 आवेदन पत्र अस्वीकृत कs  दीहल गइल रहल। गोरखपुर में सर्वाधिक 44,260 लोग वोटर बने खातिर आवेदन कइले रहनें, जेमें से 43,853 आवेदन स्वीकृत भइल रहे।
कुल स्वीकृत आवेदन में से पुरुष लोग के आवेदन के संख्या एक लाख 39 हजार 236 बा जबकि महिला के आवेदन के संख्या 72, 234 बा। वोटर बने खातिर सबसे ज्यादा जागरूकता भी गोरखपुर के ही महिला लोग दिखावल। इहां 44,260 आवेदन में से 28,431 पुरुष अउर 15,422 महिला वोटरन के आवेदन पत्र स्वीकृत भइल रहे। इहां कुल 407 आवेदनपत्र अस्वीकृत कइल गइल रहे।
गोरखपुर-फैजाबाद खंड स्नातक निर्वाचन क्षेत्र के तहत पांच मंडल गोरखपुर, बस्ती, आजमगढ़, फैजाबाद अउर देवीपाटन मंडल के 17 जिला के स्नातक वोटर मतदान कर पइहें। एक नवंबर 2022 से तीन साल पूर्व स्नातक के डिग्री हासिल करे वाले ही मतदाता बन पइहें। आवेदन भरकर संबंधित तहसील कार्यालय में जमा करे के होई।

जिला कुल आवेदन  स्वीकृत अस्वीकृत
गोरखपुर 44,260 43,853 407
महराजगंज 14,179  14,179 00
देवरिया 17,446 17,446 00
कुशीनगर 12,328 12,313 15
गोंडा  6,195  5,837  358
बहराइच 6,849 6,849 00
श्रावस्ती 2,190 2,173 17
बलरामपुर 3,315 3,256 59
अयोध्या 13,182 11,522 1,660
अंबेडकरनगर 12,200 12,200 00
अमेठी 6,618 6,273 345
सुलतानपुर 12,859 12,859 00
बस्ती 14,570 14,539 31
संतकबीरनगर 6,855 6,842 13
सिद्धार्थनगर 3,663 3,663 00
आजमगढ़ 26,868 26,706 162
मऊ 17,338 10,960 240
कुल 2,20,915 1,98,611 3,339

मतदाता बनले के प्रक्रिया

सहायक निर्वाचन अधिकारी जेएन मौर्य ने बताया कि फार्म भरकर तहसील या जिला निर्वाचन कार्यालय में जमा करना होगा। उसके साथ स्नातक की मार्कशीट, आधार कार्ड की छाया प्रति व फोटो लगानी होगी। नौ दिसंबर तक ही आवेदन स्वीकार किए जाएंगे
390180cookie-checkMLC चुनाव: नौ दिसंबर ले वोटर बनले के एगो अउर मौका, अइसे करीं आवेदन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.