Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पाकिस्तान के इतिहास में सबसे बड़ा ड्रामा, मरियम नवाज के इमरान खान पर हमला

640

एमएलएन के उपराष्ट्रपति मरियम नवाज पाकिस्तान के प्रधानमंत्री रहल इमरान खान पर कड़ा हमला कइले बाड़ी. उ कहले कि इमरान पाकिस्तान के इतिहास के सबसे बड़ ड्रामा विदेशी साजिश के नाम प कईले। सोमवार के रैली के दौरान मरियम पूर्व पीएम प कटाक्ष करत पंजाब प्रांत के अनदेखी करे के आरोप लगवली।

पंजाब विधानसभा के खाली पड़ल 20 गो सीटन पर 17 जुलाई के उपचुनाव होखे जा रहल बा. मरियम इमरान खान के पाकिस्तान तहरीक-ए-इंसाफ (पीटीआई) प आरोप लगवली कि उ देश के सबसे जादा आबादी वाला प्रांत के अनदेखी कईले बिया, जवना में 12 करोड़ लोग बा।

‘पीटीआई के कार्यकाल में बड़का घोटाला सामने आईल’।

मरियम कहली कि पाकिस्तान के इतिहास में सबसे बड़ घोटाला पीटीआई के कार्यकाल में सोझा आईल। एलएनजी कांड, बुशरा बीबी के संलग्नता, चीनी कांड… इ सभ घोटाला इमरान खान के सरकार के समय आईल रहे। उ कहले कि, “दुर्भाग्य से पाकिस्तानी राजनीति एगो अयीसन आदमी से आईल जवन कि सबसे बड़ झूठा, अराजकतावादी अवुरी धोखेबाज हवे। उ लोग के बतावत रहले कि हमनी के अमेरिकी गुलाम हई। उ लोग के अपना साजिश के दावा में व्यस्त रखले रहले। इतिहास के सबसे बड़ नाटक।”

‘इमरान के गिरोह में उनुकर पत्नी बुशरा बीबी भी शामिल रहली’।

एमएलएन नेता कहले कि इमरान खान के गिरोह में उनुकर पत्नी बुशरा बीबी भी शामिल बा। पंजाब प्रांत के संसाधन लूट लेले बाड़े। उ कहले कि, “पीटीआई के कार्यकाल में पंजाब अनाथ निहन रहे। लेकिन अब शेर वापस आ गईल बा अवुरी पंजाब पहिले निहन आगे बढ़ी।” एकरा संगे-संगे उपचुनाव से पहिले इमरान खान भी चुनावी मैदान में उतर गईल बाड़े। हालही में एगो रैली का दौरान पाकिस्तान के पीएम रहल अपना पार्टी के कार्यकर्ता लोग के चुनाव में संभावित धांधली का बारे में चेतवले.

286710cookie-checkपाकिस्तान के इतिहास में सबसे बड़ा ड्रामा, मरियम नवाज के इमरान खान पर हमला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.