राष्ट्रपति पद के उम्मीदवार द्रौपदी मुर्मू आजु समर्थन लेवे बिहार पहुंचिहे

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 5, 2022

देश में एनडीए के राष्ट्रपति पद के उम्मीदवार द्रौपदी मुर्मू मंगर के दिने बिहार से समर्थन लेबे खातिर पटना आवे वाला बाड़ी। बतावल जा रहल बा कि ऊ सबेरे दस बजे स्पेशल प्लेन से पटना

Share

देश में एनडीए के राष्ट्रपति पद के उम्मीदवार द्रौपदी मुर्मू मंगर के दिने बिहार से समर्थन लेबे खातिर पटना आवे वाला बाड़ी। बतावल जा रहल बा कि ऊ सबेरे दस बजे स्पेशल प्लेन से पटना एयरपोर्ट पर उतरिहें। ओकरा बाद द्रौपदी मुर्मू पुरानी सचिवालय में इस्थित भगवान बिरसा मुंडा के मूर्ति पs माला चढ़इहें। फेरू एनडीए के नेता लोग से समर्थन मांगे ला चर्चा खाती होटल मौर्य जइहे।

द्रौपदी मुर्मू करीब साढ़े तीन घंटा पटना में रहिहें आ दुपहरिया के खाना खा के दुपहरिया साढ़े डेढ़ बजे गुवाहाटी खातिर रवाना होखिहें। बिहार के श्रम मंत्री अवुरी राज्य के प्रभारी जीवेश मिश्र राष्ट्रपति चुनाव के लेके इ जानकारी देले। श्रीमती मुर्मू होटल मौर्य में एनडीए के सगरी घटकन के नेता लोग से भेंट करिहें आ ओह लोग से अपील करि हें कि उनुका पक्ष में वोट देवे लो।

बता दीं कि द्रौपदी मुर्मू आदिवासी समाज से आवे वाला पहिला राष्ट्रपति पद के उम्मीदवार बाड़ी। द्रौपदी मुर्मू एकरा से पहिले झारखंड के राज्यपाल रह चुकल बाड़ी। भाजपा के नेतृत्व वाला एनडीए द्रौपदी मुर्मू के नाम लेके सबका के हैरान कs देले रहे। द्रौपदी के नाम पs राजग के अधिकतर पार्टियन के समर्थन मिलल बा जवन आदिवासी समाज से जुड़ल राजनीति करेले। दोसरा तरफ द्रौपदी मुर्मू के सोझा देश के विपक्ष यशवंत सिन्हा के आपन उम्मीदवार बनवले बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.