[the_ad_group id="30365"]

Manmohan Singh : कोयला घोटाला केस में पूर्व पीएम मनमोहन सिंह के खिलाफ कार्यवाही बंद, सुप्रीम कोर्ट 11 साल बाद सुनवलस फैसला

Manmohan Singh Coal Block Allocation Case Closed by Supreme Court
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। पूर्व प्रधानमंत्री डॉ. मनमोहन सिंह से जुड़ल कोयला ब्लॉक आवंटन ममिला अब बंद हो गइल बा। सुप्रीम कोर्ट करीब 11 साल बाद एह केस पs फैसला सुनावत पूर्व प्रधानमंत्री के खिलाफ जारी समन के आदेस रद्द कs देलस आ सीबीआई के दाखिल क्लोजर रिपोर्ट के स्वीकार कs लेलस।

ई ममिला यूपीए सरकार के कार्यकाल में ओडिशा के तलाबीरा-II कोयला ब्लॉक के कथित अनियमित आवंटन से जुड़ल रहे। एह दौरान मनमोहन सिंह प्रधानमंत्री होखे के संगे-संगे कोयला मंत्रालय के जिम्मेदारियो संभारत रहलें।

कोयला घोटाला केस में मनमोहन सिंह के राहत

कोयला ब्लॉक आवंटन ममिला में सीबीआई जांच के बाद क्लोजर रिपोर्ट दाखिल कइले रहे। जांच एजेंसी के मुकदमा चलावे लायक पर्याप्त आधार ना मिलल रहे। बाकिर साल 2015 में दिल्ली के एगो ट्रायल कोर्ट सीबीआई के क्लोजर रिपोर्ट के बादो मनमोहन सिंह के आरोपी के रूप में समन जारी कs देले रहे।

ट्रायल कोर्ट के माने के रहे कि मनमोहन सिंह, उद्योगपति कुमार मंगलम बिरला, पूर्व कोयला सचिव पीसी पारख आ कुछ दोसरा लोगन के खिलाफ मुकदमा चलावे खातिर पर्याप्त सबूत मवजूद बा।

एह आदेस के खिलाफ मनमोहन सिंह सुप्रीम कोर्ट पहुंचल रहलें। उनकर दलील रहे कि जब सीबीआई के जांच में मुकदमा चलावे लायक ममिला ना मिलल, तब ट्रायल कोर्ट के समन जारी करे के फैसला सही ना रहे।

सुप्रीम कोर्ट पहिले समन पs लगवले रहे रोक

सुप्रीम कोर्ट अप्रिल 2015 में ट्रायल कोर्ट के समन पs रोक लगा देले रहे। एह फैसला के बाद मनमोहन सिंह के एह ममिला में मुकदमा के सामना ना करे के पड़ल।

ई अपील सुप्रीम कोर्ट में एक दशक से जादे समय तक लंबित रहे। दिसंबर 2024 में मनमोहन सिंह के निधन के बाद सुप्रीम कोर्ट अब ममिला के निष्फल मानत एकरा के निपटा देलस। एह फैसला के संगे पूर्व प्रधानमंत्री के खिलाफ कोयला घोटाला केस में चलत कार्यवाही औपचारिक रूप से समाप्त हो गइल।

26 दिसंबर 2024 के भइल रहे मनमोहन सिंह के निधन

पूर्व प्रधानमंत्री डॉ. मनमोहन सिंह के 26 दिसंबर 2024 के 92 साल के उमिर में निधन हो गइल रहे। नई दिल्ली में पूरा राजकीय सम्मान के संगे उनकर अंतिम संस्कार कइल गइल रहे।

सुप्रीम कोर्ट के ताजा फैसला से कोयला ब्लॉक आवंटन ममिला में मनमोहन सिंह के खिलाफ बचल कानूनी कार्यवाही के अंत हो गइल बा। ई ममिला कइयन साल से देस के राजनीतिक आ कानूनी चरचा के प्रमुख विषय बनल रहे।

Read Also: ICC Ranking : वैभव सूर्यवंशी के बड़ धमाका, 230 स्थान के छलांग लगा के पहुंचलें 48वां नंबर पs

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]