Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

चुनाव : पहिला चरण में पड़ल 78.03% वोटिंग, पीएम मोदी कइनें एम्स के घोसना

मणिपुर में पहिलका चरन के विधानसभा चुनाव में 78.03 फीसदी मतदान भइल बा। इंफाल पश्चिम अउर कांगपोकपी में सबसे ढेर वोटिंग भइल बा। चुनाव के बीच झड़पो के कुछ मामिला सामने आइल बा।

273

मणिपुर विधानसभा चुनाव खातिर पहिलका चरण के मतदान सोमार के खतम हो गइल। चुनाव आयोग के मुताबिक, पहिलका चरण में हिंसा के छिटपुट घटना के बीचो 78.03 फीसदी मतदान भइल। 60 विधानसभा सीट आले मणिपुर में सोमार के 38 सीट पर चुनाव भइल रहे, बाकी बचल 22 सीटों पर पांच मार्च के वोटिंग होई।

इंफाल पश्चिम और कांगपोकपी में सबसे ज्यादा वोटिंग

जौने पांच जिला में पहिलका चरण के चुनाव भइल, ओमें सबसे ढेर वोटिंग 82.19 प्रतिशत इंफाल पश्चिम अउर कांगपोकपी जिला में दर्ज कइलगइल। एकरे बाद इंफाल पूरब में 76.64 प्रतिशत, चुराचांदपुर में 74.45 प्रतिशत अउर बिष्णुपुर जिला में 73.44 प्रतिशत मतदान भइल।

झड़प में एक घायल

पुलिस बतवलस कि चुराचांदपुर जिला में दू गो विरोधी दल के कार्यकर्तन के बीच झड़प के घटना भइल। झड़प में कम से कम ए गो आदमी घायल हो गइल। इंफाल पूर्व, इंफाल पश्चिम अउर कांगपोकपी जिला के कई हिस्सो से झड़प के सूचना मिलल, लेकिन सुरक्षाकर्मी सब पुलिस बल जुटा के स्थिति को सम्हार लेहनें।

 

साभार – दैनिक जागरण 

223200cookie-checkचुनाव : पहिला चरण में पड़ल 78.03% वोटिंग, पीएम मोदी कइनें एम्स के घोसना

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.