बाबा मंदिर में विधायक अंबा के अपमान, सदन में उठल ममिला, स्पीकर बोलले- अधिकारियन के मन बढ़ गइल बा , एक्शन होखे

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 2, 2022

RANCHI: झारखंड विधानसभा के तिसरका दिन के कार्यवाही सुरू होखते काँग्रेस विधायक अंबा प्रसाद देवघर मंदिर में फइलल अव्यवस्था के ममिला उठवली। ऊ कहली कि शिवरात का दिने ऊ पूजा करे बाबा मंदिर गइल रहली।

Share

RANCHI: झारखंड विधानसभा के तिसरका दिन के कार्यवाही सुरू होखते काँग्रेस विधायक अंबा प्रसाद देवघर मंदिर में फइलल अव्यवस्था के ममिला उठवली। ऊ कहली कि शिवरात का दिने ऊ पूजा करे बाबा मंदिर गइल रहली। उहाँ देखली कि मंदिर परिसर में अव्यवस्था फइलल बा। महिला लोगन के कुचलल जात बा। कइयन गो मेहरारू लो के साड़ी फंस गइल रहे। अंबा कहली कि हम SDO के बोलवनी जेकरा के मंदिर परिसर में तैनात कइल गइल रहे। SDO ना अइले आ कहववले कि मैडमे के एहिजा भेज दs। हम ना आएम। हमरा पीए के घसीट के निकालल गइल।

 

विधायक अंबा कहली ई सदन के गरिमा के अपमान हs। एह पs कारवाई होखे के चाहीं। विधायक के बात सुनला के बाद स्पीकर रवीन्द्र नाथ महतो सरकार के निरदेस देले कि एक्शन होखे। अधिकारियन  के मन बहुते बढ़ गइल बा। स्पीकर के नियमन के बाद संसदीय कार्य मंत्री आलमगीर आलम कहले कि ऊ एह ममिला के जांच करा के कारवाई करिहे। संगही कहले कि दोसी अधिकारी पs एक्शन लिहल जाई।

साभार-न्यूज़ विंग

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.