मधेपुरा। सावन के अंतिम सोमारी पs बिहार के मधेपुरा इस्थित सिंहेश्वर मंदिर में श्रद्धालु के बड़ भीड़ जुटला से सोमार के सबेरे अफरातफरी मच गइल। जलाभिषेक खातिर श्रद्धालु के संख्या लगातार बढ़त गइल, जवना के चलते धक्का-मुक्की सुरू हो गइल। कतार टूटला के बाद कुछ देर खातिर भगदड़ जइसन इस्थिति बन गइल।
बैरिकेडिंग टूटला से बढ़ल परेसानी
सबेरे करीब 8 बजे के बाद मंदिर परिसर में भीड़ के दबाव बढ़ गइल। भीड़ के दबाव में प्रशासन के ओर से लगावल बैरिकेडिंगो टूट गइल। एह दौरान करीब आधा दर्जन श्रद्धालु गिरके घायल हो गइल लोग। भीड़ के नियंत्रित करे के कोसिस में ड्यूटी पs तैनात एगो पुलिसकर्मियो चोटिल हो गइलें। बतावल जा रहल बा कि भीड़ के दबाव एतना जादे रहे कि उनकर वर्दी तक फट गइल।
घटना के बाद सब घायलन के तत्काल जेएनकेटी मेडिकल कॉलेज अस्पताल पहुंचावल गइल, जहां ओह लाोगन के इलाज करावल गइल।
रात 1 बजे से मंदिर में जुटे लागल रहलें श्रद्धालु
जानकारी के मोताबिक, अतवार के रात करीब 1 बजे सरकारी पूजा संपन्न भइला के बाद मंदिर के पट खुलल। पट खुलतही बड़ संख्या में श्रद्धालु जलाभिषेक करे खातिर मंदिर परिसर में पहुंचल सुरू हो गइलें।
कुछे देर में श्रद्धालु के संख्या लगातार बढ़त गइल। सोमार के सबेरे भीड़ बहुते जादे हो गइल, जवना से प्रशासन के सामने भीड़ नियंत्रण के चुनौती खड़ा हो गइल।
इस्थिति बिगड़ला के सूचना मिलतही मधेपुरा डीएम, एसपी, एसडीएम आ एसडीपीओ सहित कइयन गो प्रशासनिक आ पुलिस अधिकारी मंदिर परिसर में पहुंच गइल लो। अतिरिक्त पुलिस बल के बाेलावल गइल।
पुलिस के मदद से दोबारा बनावल गइल कतार
अधिकारी आ पुलिसकर्मी श्रद्धालुअन के भीड़ के नियंत्रित कइल लो। एकरा बाद श्रद्धालुअन के दोबारा कतार में लगवाके जलाभिषेक के बेवस्था सुरू करावल गइल। प्रशासन के कोसिस रहे कि मंदिर परिसर में सुरक्षा बेवस्था बनल रहे आ कवनो बड़ हादसा ना होखे।
मंदिर न्यास समिति आ प्रशासन श्रद्धालुअन से धैर्य आ शांति बना के रखे के अपील कइलस। अधिकारियन के कहनाम रहे कि श्रद्धालु के सुरक्षा सर्वोच्च प्राथमिकता बा।
कइयन गो श्रद्धालु आ पुलिसकर्मी घायल
हादसा में घायल लोगन में सहरसा के सोनबरसा थाना क्षेत्र के जलसीमा वार्ड-4 निवासी रूना देवी, सुपौल के मानगंज निवासी सिन्टू कुमार आ आउर श्रद्धालु सामिल बतावल गइल बाड़ें। ड्यूटी पs तैनात सिपाही सिद्धांत कुमार चोटिल भइलें।
Read Also: IND vs SL : कोलंबो टेस्ट के दूसरका दिन टीम इंडिया के नजर, ध्रुव जुरेल आ सारांश जैन पs बड़ जिम्मेदारी









