सेंट्रल डेस्क। न्यूजीलैंड सरकार लइकन के मानसिक स्वास्थ्य आ सुरक्षा के धेयान में रखत सोशल मीडिया इस्तेमाल पs बड़ फैसला लेवे के तइयारी में बिया। प्रधानमंत्री क्रिस्टोफर लक्सन के पार्टी संसद में एगो नया बिल पेश करे जा रहल बिया। एह प्रस्ताव के तहत 16 साल से कम उमिर के लइकन के सोशल मीडिया इस्तेमाल पs रोक लगावल जा सकेला।
सरकार के माने के बा कि सोशल मीडिया पs मवजूद हानिकारक कंटेंट आ लत लगावे वाली तकनीक के चलते लईकन पs मानसिक दबाव बढ़ रहल बा। प्रस्तावित कानून में नियम के उल्लंघन करे वाला सोशल मीडिया कंपनियन पs भारी जुर्माना लगावे के प्रावधान रखल गइल बा।
सोशल मीडिया कंपनी के करे के पड़ी उमिर के जांच
प्रस्तावित बिल लागू भइला पs सोशल मीडिया प्लेटफॉर्मन के यूजर के उमिर सत्यापित करे खातिर उचित आ कड़ा डेग उठावे के पड़ी। कंपनी मवजूदा अकाउंट से जुड़ल जानकारी, फेसियल रिकग्निशन तकनीक आ डिजिटल पहचान से जुड़ल दस्तावेज के इस्तेमाल कs सकेली सs।
नियम तुड़े वाला प्लेटफॉर्म पs ओकर वैश्विक राजस्व के 10 प्रतिशत तक जुर्माना लगावल जा सकेला। सरकार के मकसद सोशल मीडिया कंपनियन के लईकन के सुरक्षा खातिर जादे जिम्मेदार बनावल बा।
पीएम लक्सन बोललें- लइकन के नुकसान स्वीकार ना करब
प्रधानमंत्री क्रिस्टोफर लक्सन के कहनाम बा कि न्यूजीलैंड के लइकन के एगो पूरा पीढ़ी के हो रहल नुकसान के नजरअंदाज ना कइल जा सकेला। उनका मोताबिक सोशल मीडिया लइकन के हानिकारक सामग्री आ लत लगावे वाली तकनीक के संपर्क में ले आ रहल बा।
सरकार के चिंता बा कि लइकन पs अइसन मानसिक दबाव बन रहल बा, जवना से निपटे खातिर ऊ लोग अभी पूरा तरे तइयार नइखे। एकर असर पारिवारिक जिनगी, मानसिक स्वास्थ्य, नींद आ पढ़ाई पs पड़ रहल बा।
गठबंधन के सहजोगी दल बिल के विरोध में
हालांकि सरकार के एह प्रस्ताव के संसद में पर्याप्त समर्थन मिली कि ना, ई अभी साफ नइखे। प्रधानमंत्री लक्सन के गठबंधन सहजोगी न्यूजीलैंड फर्स्ट पार्टी बिल के समर्थन करे से इनकार कs देले बिया।
पार्टी के नेता आ बिदेस मंत्री विंस्टन पीटर्स प्रस्तावित कानून पs गंभीर चिंता जतवले बाड़ें। उनकर कहनाम बा कि अइसन कानून देस के गलत दिशा में ले जा सकेला। ऊ लइकन के सोशल मीडिया से दूर रखे के जिम्मेदारी मुख्य रूप से माता-पिता के मानत बाड़ें।
ऑस्ट्रेलिया के कानून पs उठल सवाल
न्यूजीलैंड के प्रस्ताव के बीच ऑस्ट्रेलिया के सोशल मीडिया प्रतिबंध के उदाहरणो सामने आ रहल बा। पिछिला साल दिसंबर में ऑस्ट्रेलिया 16 साल से कम उमिर के लइकन खातिर कइयन गो सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म पे प्रतिबंध लागू करे वाला दुनिया के पहिला देस बनल रहे।
विंस्टन पीटर्स ऑस्ट्रेलिया के कानून के आलोचना करत एकरा के बड़ विफलता बतवले बाड़ें। हालांकि प्रधानमंत्री लक्सन मानत बाड़ें कि प्रस्तावित नियम लागू कइल आसान ना होई। उनका मोताबिक हर लइका के सोशल मीडिया से पूरा तरे दूर रख पावल संभव ना हो सकेला, बाकिर लइकन के सुरक्षा आ मानसिक स्वास्थ्य खातिर कोसिस कइल जरूरी बा। अब नजर न्यूजीलैंड संसद में बिल के आगे के प्रक्रिया पs बा।









