Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मंकी पॉक्स के बाद अब लम्पी स्किन वायरस के बढ़ल खतरा, दुधारू जानवरन में हो रहल बा ई बेमारी

3,104

भारत में एक तरफ कोरोना अउर मंकीपॉक्‍स बीमारी (Monkeypox disease) हलचल पैदा कइलें बा, उहवें अब पशुअन में भी अइसने एगो संक्रामक बीमारी सामने आ रहल बा। दूध देवे वाले पशुअन (dairy cattle) में लम्‍पी स्किन (Lumpy Skin) नाम के बीमारी दस्‍तक देहलें बा। खास बात ई बा कि एकर लक्षण कुछ-कुछ मनुष्‍यन में हो रहल मंकीपॉक्‍स बीमारी से मिलत-जुलत बा. फिलहाल पंजाब राज्‍य में पालतू गाय (Cow) अउरी भैंस (Buffalo) में एह बीमारी के देखत पशुपालकन के अलर्ट कइल गइल बा अउरी बीमारी के रोकथाम खातिर जिला स्तरीय टीम गठित कइल गइल बा।

पंजाब के पशु पालन, मछली पालन अउरी डेयरी विकास मंत्री लालजीत सिंह भुल्लर पशुपालकों के एह बीमारी से संबंधित कौनो अफवाह से बचले के सलाह देहलें बानें। एह बारे में भुल्लर बतवलें कि राज्य में दुधारू पशुअन में लम्पी स्किन नामक संक्रामक रोग (Infectious Disease) से बचाव खातिर हर ज़िला में टीम तैनात क देहल गइल बा, जौन गांव-गांव जा के प्रभावित पशुअन के बीमारी से बचले के उपाय खातिर जानकारी देई।

नजदीकी पशु संस्‍था से संपर्क करें पशु पालक

कैबिनेट मंत्री बतवलें कि नॉर्थ रीजनल डिवीजन डायग्नौस्टिक लैब (एन.आर.डी.डी.एल.) जालंधर के टीम के समूह ज़िला के दौरा कइलें के हिदायत देहल गइल बा, जौन आजु 28 जुलाई से प्रभावित जिला के दौरा कर रहल बा। उ बतवलें कि पशु पालन विभाग के समूह अधिकारियन अउरी मुलाजिम के पशु-पालकन के हर पक्ष से सहायता कइले खातिर पाबंद कइल गइल बा। एह लिए पशुपालक कौनो घबराहट में न आवें अउरी कौनो तरह के अफ़वाहों से बचीं। उ कहले कि किसान चाहे पशु-पालक बेझिझक अपने नजदीकी पशु संस्था से संपर्क क सकतने।

306190cookie-checkमंकी पॉक्स के बाद अब लम्पी स्किन वायरस के बढ़ल खतरा, दुधारू जानवरन में हो रहल बा ई बेमारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.