Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रामचरित मानस विवाद में बढ़ सकत बा स्वामी प्रसाद मौर्य के मुश्किल, केस दर्ज करावे खातिर दिहल गइल तहरीर

सपा नेता के बयान के विरोध करत अखिल भारत हिंदू महासभा के प्रवक्ता शिशिर चतुर्वेदी कहलें कि स्वामी प्रयास मौर्य के बयान के माध्यम से सनातन धर्म के अनुयायियन के जातिवाद आ धर्म के आधार पs बांटे के प्रयास कइल जा रहल बा। 

1,091

रामचरित मानस के लेके विवादित टिप्पणी करे वाला सपा नेता स्वामी प्रसाद मौर्य के मुश्किल बढ़त नजर आ रहल बा। एह ममिला के लेके अखिल भारत हिंदू महासभा सपा नेता पs केस दर्ज करावे खातिर हजरतगंज कोतवाली में तहरीर देले बाड़े। हिंदू महासभा अपना तहरीर में कहलें बा कि मौर्य के बयान से हिंदू धर्म के लोगन के भावना के ठेस पहुंचल बा संगही धार्मिक उन्माद फइलावे के प्रयास कइल गइल।

सपा नेता के बयान के विरोध करत अखिल भारत हिंदू महासभा के प्रवक्ता शिशिर चतुर्वेदी कहलें कि स्वामी प्रयास मौर्य के बयान के माध्यम से सनातन धर्म के अनुयायियन के जातिवाद आ धर्म के आधार पs बांटे के प्रयास कइल जा रहल बा, जवना से हिंदू समाज में बहुते रोष व्याप्त बा। बतावत चलीं कि एकरा पहिले एही बयान के लेके अयोध्या कोतवाली में तहरीर देके कार्रवाई के मांग कइल गइल रहे।

का कहले रहस स्वामी प्रसाद मौर्या

उल्लेखनीय बा कि एगो निजी टीवी चैनल से बातचीत में स्वामी प्रसाद मौर्य रामचरित मानस पs विवादित टिप्पणी करत एकरा के प्रतिबंधित करे के मांग कइले रहस। ऊ कहलें कि जवन कवनो विवादित अंश एह ग्रंथ में संकलित बा, ओकरा के निकालल जाये के चाहीं। तुलसीदास रचित श्रीरामचरितमानस के एगो चौपाई- ‘ढोल-गंवार शूद्र पशु नारी, सकल ताड़ना के अधिकारी’ के जिकिर करत स्वामी प्रसाद मौर्य कहले रहस कि एह तरे के पुस्तक के जब्त कइल जाये के चाहीं। महिला सब वर्ग के बा लो, का ओह लोगन के भावना आहत नइखे हो रहल।

ऊ कहलें कि एक तरफ तs कही लो कि यत्र नार्यस्तु पूज्यंते रमंते तत्र देवता। दोसरा तरफ से तुलसी बाबा से गाली दिवाके कही लोग कि इनका के मारी पीटी। इहे धरम हs तs अइसन धरम से हम तौबा करत बानी। हालांकि, बाद में एएनआइ न्यूज एजेंसी के संगे बातचीत में ऊ स्पष्ट कइलें कि प्रतिबंध के मांग नइखी रखलें। श्रीरामचरितमानस में कुछ जातियन, वर्गन आ वर्णन के लेके जवन आहत करे वाला अंश बा, ओकरा के हटावल जाये के चाहीं।

स्वामी प्रसाद मौर्या आ चंद्रशेखर के खिलाफ भड़कल लोग साधु संत

बिहार के शिक्षा मंत्री आ मौर्य के बयान से आहत साधु-संत लोग एकरा खिलाफ तीखी प्रतिक्रिया दिहल लोग। प्रयागराज में अखिल भारतीय संत समिति के राष्ट्रीय महासचिव स्वामी जीतेंद्रानंद सरस्वती विवादित बयान के कड़ा निंदा कइलेन। कहलें कि गोस्वामी तुलसी दास द्वारा रचित श्रीरामचरितमानस आ प्रभु श्रीराम पs विवादित टिप्पणी चर्च प्रायोजित वामपंथ के टूलकिट के हिस्सा हs। एकरा माध्यम से देस के अस्थिर करे के साजिश रचल जा रहल बा। हिंदुअन के आराध्य आ धर्मग्रंथन के अपशब्द कहके हिंदुअन के भावना भड़कावल जा रहल बा। जवना से, एकरा से आहत होके हिंदू प्रदर्शन करे तs ओह लोगन के गलत छवि विश्व में पेश कइल जाई।

ऊ भारत सरकार आ प्रदेश सरकार से मानस पs अवांछित टिप्पणी कइला पs स्वामी प्रसाद पs एफआइआर दर्ज कs के प्रदेश में अशांति आ दंगा भड़कावे के आरोप में जेल भेजे के मांग कइलें। ओने, मौर्य आ चंद्रशेखर प्रसाद के खिलाफ अयोध्या कोतवाली में अवध सेवा संस्थान के अध्यक्ष ओमप्रकाश सिंह के ओर से दिहल गइल तहरीर में कार्रवाई के मांग कइल गइल बा। कोतवाल शमशेर बहादुर सिंह बतवलें कि तहरीर मिलल बा। उच्चाधिकारियन से मार्गदर्शन प्राप्त कs के आगे के कार्रवाई कइल जाई।

साभार: दैनिक जागरण

443930cookie-checkरामचरित मानस विवाद में बढ़ सकत बा स्वामी प्रसाद मौर्य के मुश्किल, केस दर्ज करावे खातिर दिहल गइल तहरीर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.