Earthquake: दिल्ली-NCR, यूपी आ उत्तराखंड में भूकंप के झटका; रिक्टर स्केल पs 5.8 मापल गइल तीव्रता; कांपल धरती

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 24, 2023

दिल्ली-एनसीआर सहित उत्तर प्रदेश आ उत्तराखंड में मंगर के भूकंप के तेज झटका महसूस कइल गइल बा। भूकंप के तेज झटकन के कारण कुछ सेकेंड तक धरती हिलत रहल। भूकंप के तीव्रता रिएक्टर स्केल पs

Share

दिल्ली-एनसीआर सहित उत्तर प्रदेश आ उत्तराखंड में मंगर के भूकंप के तेज झटका महसूस कइल गइल बा। भूकंप के तेज झटकन के कारण कुछ सेकेंड तक धरती हिलत रहल। भूकंप के तीव्रता रिएक्टर स्केल पs 5.8 मापल गइल।

ऑफिस में काम करे वाला लोग सहम गइल। कुछ लोग तs ऑफिस से बाहर निकलके सुरक्षित स्थान पs पहुंच गइल। भूकंप के तीव्रता रिक्टर स्केल पs 5.8 मापल गइल बा। बता दीं कि द‍िल्‍ली में भूकंप के झटकन के संगे यूपी के संभल, मुरादाबाद, अमरोहा आ रामपुर में दुपहर के करीब 2:30 बजे भूकंप के झटका महसूस कइल गइल।

अचानक से धरती डोलला के वजह से लोग घरन से बाहर न‍िकल आइल। शाहजहांपुर में भूकंप के हलुक झटका महसूस कइल गइल बा। एही के संगे बरेलीयो में भूकंप के हलुक झटका आइल बा। एही के संगे भूकंप के असर वाला देसन में नेपाल, भारत आ चीन बा।

एकर केन्‍द्र नेपाल से 12 कि.मी. दूर कालिका बतावल जा रहल बा। खास बात बा कि एकरा पहिले दिल्ली में 5 जनवरी के भूकंप के झटका महसूस कइल गइल रहे। ओह दौरान दिल्ली आ NCR में रात करीब 8 बजे भूकंप के तेज झटका महसूस कइल गइल।

बता दीं कि नया साल के आगाज होखते 1.9 तीव्रता के भूकंप दिल्ली आ NCR में आइल रहे। एह भूकंप के केंद्र हरियाणा में रहे। एह भूकंप के गहराई 5 किलोमीटर रहे। बता दीं, बियफे के आइल भुकंप से पहिलहू दिल्ली में 29 नवंबर 2022 के 2.5 तीव्रता के भूकंप आइल रहे। ओहिजा 12 नवंबर के 5.4 तीव्रता के भूकंप के झटका सहल गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.