Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Earthquake: दिल्ली-NCR, यूपी आ उत्तराखंड में भूकंप के झटका; रिक्टर स्केल पs 5.8 मापल गइल तीव्रता; कांपल धरती

दिल्ली एनसीआर में मंगर के भूकंप के तेज झटका महसूस कइल गइल। भूकंप के तेज झटकन के कारण कुछ सेकेंड तक धरती हिलती रहल। ऑफिस में काम करे वाला लोग अचंभित हो गइल। पूरा दिल्ली एनसीआर में तेज झटका महसूस कइल गइल।

1,205

दिल्ली-एनसीआर सहित उत्तर प्रदेश आ उत्तराखंड में मंगर के भूकंप के तेज झटका महसूस कइल गइल बा। भूकंप के तेज झटकन के कारण कुछ सेकेंड तक धरती हिलत रहल। भूकंप के तीव्रता रिएक्टर स्केल पs 5.8 मापल गइल।

ऑफिस में काम करे वाला लोग सहम गइल। कुछ लोग तs ऑफिस से बाहर निकलके सुरक्षित स्थान पs पहुंच गइल। भूकंप के तीव्रता रिक्टर स्केल पs 5.8 मापल गइल बा। बता दीं कि द‍िल्‍ली में भूकंप के झटकन के संगे यूपी के संभल, मुरादाबाद, अमरोहा आ रामपुर में दुपहर के करीब 2:30 बजे भूकंप के झटका महसूस कइल गइल।

अचानक से धरती डोलला के वजह से लोग घरन से बाहर न‍िकल आइल। शाहजहांपुर में भूकंप के हलुक झटका महसूस कइल गइल बा। एही के संगे बरेलीयो में भूकंप के हलुक झटका आइल बा। एही के संगे भूकंप के असर वाला देसन में नेपाल, भारत आ चीन बा।

एकर केन्‍द्र नेपाल से 12 कि.मी. दूर कालिका बतावल जा रहल बा। खास बात बा कि एकरा पहिले दिल्ली में 5 जनवरी के भूकंप के झटका महसूस कइल गइल रहे। ओह दौरान दिल्ली आ NCR में रात करीब 8 बजे भूकंप के तेज झटका महसूस कइल गइल।

बता दीं कि नया साल के आगाज होखते 1.9 तीव्रता के भूकंप दिल्ली आ NCR में आइल रहे। एह भूकंप के केंद्र हरियाणा में रहे। एह भूकंप के गहराई 5 किलोमीटर रहे। बता दीं, बियफे के आइल भुकंप से पहिलहू दिल्ली में 29 नवंबर 2022 के 2.5 तीव्रता के भूकंप आइल रहे। ओहिजा 12 नवंबर के 5.4 तीव्रता के भूकंप के झटका सहल गइल रहे।

444510cookie-checkEarthquake: दिल्ली-NCR, यूपी आ उत्तराखंड में भूकंप के झटका; रिक्टर स्केल पs 5.8 मापल गइल तीव्रता; कांपल धरती

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.