T20 League : यूरोप के नया टी20 लीग में भारतीयन के जलवा, राहुल द्रविड़ बनलें टीम मालिक, अश्विन संभरिहें कप्तानी

By Anurag Ranjan

Published on: May 12, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट के दिग्गज राहुल द्रविड़ के सोमार के यूरोपियन टी20 प्रीमियर लीग (ETPL) के डबलिन फ्रेंचाइजी “डबलिन गार्डियंस” के मालिक घोषित कइल गइल। एह मवका पs द्रविड़ कहलें कि उनकर मकसद खाली

Share

Rahul Dravid- Ashwin

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट के दिग्गज राहुल द्रविड़ के सोमार के यूरोपियन टी20 प्रीमियर लीग (ETPL) के डबलिन फ्रेंचाइजी “डबलिन गार्डियंस” के मालिक घोषित कइल गइल। एह मवका पs द्रविड़ कहलें कि उनकर मकसद खाली टीम किनल ना, बलुक यूरोप में क्रिकेट के विकास में जोगदान देहल बा।

द्रविड़ कहलें, “ETPL के बड़ सोच हमरा के बहुते आकर्षित कइलस। ई यूरोप में क्रिकेट के मजबूत करे, जमीनी स्तर पs खेल के बढ़ावा देवे आ नया खिलाड़ियन खातिर मवका बनावे के सानदार प्लेटफॉर्म बा।”

ऊ आगे कहलें, “डबलिन में क्रिकेट खातिर जबरदस्त जुनून बा आ इहां आगे बढ़े के अपार संभावना बा। अगिला पीढ़ी के तइयार करे के काम हमेसा हमरा खातिर अहम रहल बा। हमरा भरोसा बा कि ETPL एह सफर में बड़ भूमिका निभाई।”

अश्विन के मिलल कप्तानी

पूर्व भारतीय ऑलराउंडर रविचंद्रन अश्विन के डबलिन गार्डियंस के कप्तान बनावल गइल बा। द्रविड़ जइसन रणनीतिक दिमाग आ अश्विन जइसन अनुभवी कप्तान के संगे ई टीम लीग के सबसे चर्चित फ्रेंचाइजी बन गइल बिया।

अश्विन के कप्तानी में टीम बेलफास्ट, एडिनबर्ग, ग्लासगो, रॉटरडैम आ एम्स्टर्डम जइसन टीमन से मुकाबला करी।

यूरोप के नया लीग में बड़-बड़ सितारन के एंट्री

ETPL के सुरुआत क्रिकेट आयरलैंड, क्रिकेट स्कॉटलैंड आ रॉयल डच क्रिकेट एसोसिएशन मिलके कइले बा। ई एगो क्रॉस-बॉर्डर फ्रेंचाइजी मॉडल बा, जवना में छव शहरन के टीम हिस्सा ली।

एह लीग में कइयन गो अंतरराष्ट्रीय स्टार खिलाड़ियन के खेले के उम्मीद बा। एमे मिशेल मार्श, टिम डेविड, मिशेल सैंटनर, लियाम लिविंगस्टोन, ग्लेन मैक्सवेल, फाफ डु प्लेसिस आ हेनरिक क्लासेन जइसन नाम सामिल बा।

लीग के दोसरा टीमन में कइयन गो बड़ क्रिकेट नाम जुड़ल बा। बेलफास्ट फ्रेंचाइजी के मालिक ग्लेन मैक्सवेल बाड़ें, जबकि एम्स्टर्डम टीम से स्टीव वॉ जुड़ल बाड़ें। रॉटरडैम फ्रेंचाइजी में जोंटी रोड्स आ फाफ डुप्लेसिस सामिल बा लोग। ग्लासगो टीम में क्रिस गेल भागीदार बाड़ें।

यूरोप में बढ़ रहल बा भारतीय क्रिकेट के प्रभाव

ETPL में राहुल द्रविड़ आ अश्विन के मवजूदगी से लीग के सुरुआते से जबरदस्त आकर्षण मिल गइल बा। एकरा से साफ बा कि भारतीय क्रिकेट के दिग्गज अब मैदान के बाहर दुनिया भर में खेल के नया दिशा देवे में जुटल बा लोग। यूरोप में क्रिकेट के लोकप्रिय बनावे के एह कोसिस में भारत के ई दुनो बड़ नाम अहम भूमिका निभाई।

Read Also: 12 मई 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.