दिनांक- 29/05/2026
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
ज्येष्ठ शुक्ल पक्ष
तिथि– त्रयोदशी
दिन के 09 बजके 50 मिनट ले,
ओकरा बाद चतुर्दशी।
दिन-सुक।
स्वाति नक्षत्र
दिन के 10 बजके 37 मिनट ले,
ओकरा बाद विशाखा नक्षत्र ।
परिघ जोग
दिन के 04 बजके 35 मिनट ले,
ओकरा बाद शिव जोग।
तैतिल करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 30/05/2026
ज्येष्ठ शुक्ल पक्ष
तिथि- चतुर्दशी
दिन के 11 बजके 58मिनट ले।
दिन- सनिचर।
विशाखा नक्षत्र
दिन के 01 बजके 20 मिनट ले।
शिव जोग
सबेरे के 05 बजके 24 मिनट ले।
वणिज करण।


आज सोच-समझ के फैसला लीं। धन लाभ के जोग बा। पुरान संघतिया से मुलाकात हो सकेला। स्वास्थ्य के लेके लापरवाही मत करीं।
कामकाज में सफलता मिली। नया योजना परs काम सुरू हो सकेला। विद्यार्थी लोगन खातिर दिन बढ़िया बा। प्रेम संबंध मजबूत होई।
आज भावुकता पs काबू रखे के जरूरत बा। घर-परिवार में सुख-शांति बनल रही। नौकरी में अधिकारियन से सहजोग मिली।


आज के दिन सुभ समाचार मिल सकेला। कोर्ट-कचहरी के ममिला में राहत मिली। कारोबार में तरक्की के संकेत बा।








