[the_ad_group id="30365"]

SLC Resign : श्रीलंका क्रिकेट में आइल भूचाल, राष्‍ट्रपति के आगे झुकलें शम्‍मी सिल्‍वा, समूचा बोर्ड दे देलस इस्‍तीफा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। श्रीलंका क्रिकेट बोर्ड में बड़ बदलाव देखे के मिलल बा। कइयन साल से अध्यक्ष रहल शम्मी सिल्वा अचानक आपन पद से इस्तीफा दे देलें। ई फैसला ऊ तब लेलें जब देस के राष्ट्रपति अनुरा कुमारा दिसानायके बोर्ड में बदलाव के बात उठवलें।

बतावल जा रहल बा कि शम्मी सिल्वा अकेले ना, बलुक पूरा बोर्ड एक संगे इस्तीफा दे देलस। अब एगो अंतरिम कमेटी के जिम्मेदारी सउपल जाये के रास्ता साफ हो गइल बा।

पूरा बोर्ड के इस्तीफा

एसएलसी के बयान के मोताबिक, अध्यक्ष शम्मी सिल्वा के संगे-संगे एग्जीक्यूटिव कमेटी के सब सदस्य इस्तीफा दे देले बा लोग। एह फैसला के जानकारी राष्ट्रपति आ खेल मंत्री सुनील कुमारा गमागे के दे दिहल गइल बा।

अंतरिम कमेटी बन सकेला

खबर बा कि अब सरकार कुछ समय खातिर एगो अंतरिम बोर्ड बनावे के तइयारी में बिया। पूर्व सांसद एरन विक्रमरत्ने के एह कमेटी के प्रमुख बनावल जा सकेला। संगही पूर्व खिलाड़ी सिदाथ वेट्टीमुनी आ रोशन महानामा के जिम्मेदारी मिल सकेला, हालांकि अभी तक आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल।

2019 से अध्यक्ष रहलें सिल्वा

शम्मी सिल्वा साल 2019 में पहिला बेर अध्यक्ष बनल रहलें आ लगातार चार कार्यकाल तक पद पs बनल रहलें। एह दौरान कुछ सफलता जरूर मिलल, जइसे एशिया कप जीत, बाकिर टीम के प्रदर्शन में उतार-चढ़ाव देखे के मिलल।

टीम प्रदर्शन पs उठल सवाल

पिछिला कुछ साल में श्रीलंका टीम के प्रदर्शन कमजोर रहल बा। 2023 वनडे वर्ल्ड कप में टीम 9वां स्थान पs रहे आ 2024 आ 2026 टी20 वर्ल्ड कप में टीम जल्दिये बाहर हो गइल। एह वजह से नेतृत्व में बदलाव के मांग तेज हो गइल रहे।

Read Also: West Bengal Election : बंगाल में वोटिंग के बीच हिंसा, नदिया में बीजेपी एजेंट पs हमला, हावड़ा में ईवीएम खराबी के लेके झड़प

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]