IPL 2026 : 22 साल के कूपर कोनोली के तूफानी पारी, IPL इतिहास के सबसे जवान बिदेसी शतकवीर बनलें

Cooper Connolly IPL 2026 Century vs SRH

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। सनराइजर्स हैदराबाद आ पंजाब किंग्स के मुकाबला में जीत भले सनराइजर्स के मिलल, बाकिर 22 साल के ऑस्ट्रेलियाई बल्लेबाज कूपर कोनोली अपना विस्फोटक पारी से पूरा आईपीएल इतिहास के हिला देलें। हैदराबाद के राजीव गांधी स्टेडियम में कोनोली मात्र 59 गेना पs नाबाद 107 रन ठोक देलें। एह धमाकेदार शतक के संगे ऊ आईपीएल इतिहास में सबसे कम उमिर में शतक बनावे वाला बिदेसी बल्लेबाज बन गइलें।

कूपर कोनोली 22 साल 257 दिन के उमिर में आईपीएल शतक लगाके नया इतिहास रच देलें। ऊ क्विंटन डिकॉक, डेविड वॉर्नर आ डेविड मिलर जइसन दिग्गज खिलाड़ियन के पीछे छोड़ देलें।

एकरा से पहिले सबसे कम उमिर में आईपीएल शतक लगावे वाला बिदेसी बल्लेबाज क्विंटन डिकॉक रहलें, जे 23 साल 122 दिन में ई कमाल कइले रहलें। कोनोली के पारी खाली रिकॉर्ड खातिर ना, बलुक दबाव में खेलल गइल एगो सानदार टी20 पारी रहे। ऊ अपना पारी में 7 चौका आ 8 छक्का उड़वलें।

कूपर कोनोली खाली शतक ना लगवलें, बलुक पंजाब किंग्स खातिर 22 साल के उमिर में सबसे बड़ आईपीएल स्कोर बना देलें। एकरा से पहिले प्रभसिमरन सिंह 103 रन बनवले रहलें। अब कोनोली 107* रन के संगे नंबर-1 पs पहुंच गइलें।

छक्कन के बरसात

कोनोली अपना पारी में 8 गो छक्का लगवलें। ई 22 साल के उमिर में पंजाब किंग्स खातिर एक पारी में सबसे जादे छक्का मारे के रिकॉर्ड बन गइल।

सबसे खास बात ई रहल कि ऊ आपन पुरान रिकॉर्ड खुद तुड़ देलें। एकरा से पहिले एह सीजन मुल्लांपुर में लखनऊ के खिलाफ ऊ 7गो छक्का लगवले रहलें।

SRH के खिलाफ पंजाब

कोनोली के 107* रन के पारी, सनराइजर्स हैदराबाद के खिलाफ पंजाब किंग्स के दूसरा सबसे बड़ व्यक्तिगत स्कोर बन गइल। ऊ शिखर धवन आ हाशिम अमला जइसन खिलाड़ियन के पीछे छोड़ देलें। हालांकि क्रिस गेल के 104* रन अबियो खास मानल जाला, बाकिर रन के हिसाब से कोनोली उनका से आगे निकल गइलें।

एह मुकाबला में सनराइजर्स हैदराबाद 33 रन से जीत दर्ज कइलस। हैदराबाद में पंजाब किंग्स के खिलाफ ई ओकर लगातार नउवां जीत रहे। आईपीएल इतिहास में कवनो एगो मैदान पs विरोधी टीम के खिलाफ ई सबसे लमहर जीत के सिलसिला बन गइल बा।

220 से जादे रन बनल तs SRH अजेय

सनराइजर्स हैदराबाद आईपीएल में जब-जब 220 से जादे रन बनवले बा, तब-तब मैच जीतले बा। पंजाब के खिलाफ ई 11वां मवका रहे आ टीम हर बेर जीत दर्ज कइले बिया।

मैच में का भइल?

पहिले बल्लेबाजी करत सनराइजर्स हैदराबाद 20 ओवर में 4 विकेट पs 235 रन बनवलस। टीम खातिर हेनरिक क्लासेन 69 रन आ ईशान किशन 55 रन के तेज पारी खेललें। ट्रेविस हेड आ अभिषेक शर्मा टीम के तूफानी सुरुआत दिहल लोग।

जवाब में पंजाब किंग्स के सुरुआत खराब रहल आ सुरुआती विकेट जल्दिये गिर गइल। एह बीच 22 साल के कूपर कोनोली अकेले दम पs मुकाबला रोमांचक बना देलें। बाकिर दूसरका छोर से साथ ना मिलला के चलते पंजाब 20 ओवर में 202/7 तक पहुंच सकल।एह तरे सनराइजर्स हैदराबाद 33 रन से मुकाबला जीत लेलस।

Read Also: Chandranath Rath Murder : भाजपा करी गुंडन के सफाई, पीए के हत्या पs भड़कलें सुवेंदु अधिकारी, चश्मदीद बतवलस पूरा कहानी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-