IPL 2026 : गुजरात के हराके आरसीबी दूसरा नंबर पs पहुंचल, ऑरेंज आ पर्पल कैप के रेस में के-के? जानीं

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 25, 2026

स्पाेर्ट्स डेस्क। आईपीएल के 34वां मुकाबला सुक के एम चिन्नास्वामी में रॉयल चैलेंजर्स आ गुजरात टाइटंस के बीच खेलल गइल। विराट कोहली आ देवदत्त पडिकल के धांसू बल्लेबाजी के दम पs आरसीबी ई मैच पांच

Share

स्पाेर्ट्स डेस्क। आईपीएल के 34वां मुकाबला सुक के एम चिन्नास्वामी में रॉयल चैलेंजर्स आ गुजरात टाइटंस के बीच खेलल गइल। विराट कोहली आ देवदत्त पडिकल के धांसू बल्लेबाजी के दम पs आरसीबी ई मैच पांच विकेट से जीत लेलस। एह जीत के बाद अंक तालिका में आरसीबी दूसरका स्थान पs पहुंच गइल बा।

अंक तालिका के हाल

  • पंजाब किंग्स छह मैच में 11 अंक लेके पहिला नंबर पs बा। आरसीबी सात मैच में 10 अंक के संगे दूसरा स्थान पs बा।
  • राजस्थान रॉयल्स सात मैच में 10 अंक के संगे तीसरा सनराइजर्स आठ अंक के संगे चउथा नंबर पs बा।
  • चेन्नई सुपरकिंग्स 7 मैच में 6 अंक के संगे पाचवां आ दिल्ली कैपिटल्स 6 मैच में 6 अंक लेके छठवां स्थान पs बा।
  • गुजरात टाइटंस 7 मैच में 6 अंक के संगे सातवां, मुबंई इंडियंस 4 अंक के संगे आठवां, लखनऊ सुपर जायंटस 4 अंक के संगे नउवा आ कोलकाता नाइट राइडर्स 3 अंक के संगे दसवां नंबर पs बा। बराबर अंक होखला के बादाे कइयन गो टीम के रैंकिंग नेट रन रेट से तय हो रहल बा।

ऑरेंज कैप के रेस

जीटी के खिलाफ 44 गेना में 81 रन बनावे वाला विराट कोहली अब सीजन के टॉप स्कोरर बन गइल बाड़े आ ऑरेंज कैप उनका लगे आ गइल बा। उनकर सात मैच में 328 रन हो गइल बा।

दूसरका नंबर पs अभिषेक शर्मा (323 रन) तs तीसरका पs हेनरिच क्लासेन (320 रन) बाड़े। एह लिस्ट में शुभमन गिल आ संजु सैमसन टॉप 5 में सामिल बा लोग।

पर्पल कैप के हाल

पर्पल कैप पs अंशुल कम्बोज के कब्जा बरकार बा। ऊ 7 मैच में 14 विकेट ले चुकल बाड़ें। दूसरका नंबर पs प्रिंस यादव (13 विकेट) आ तीसरका पs एहसान मलिंगा (12 विकेट) बाड़ें। एह रेस में प्रसिद्व कृष्णा आ जोफ्रा आचर्र सामिल बा लोग।

Read Also: West Bengal Assembly Election 2026 : निर्वाचन आयोग के बड़ कार्रवाई, पांच पुलिस अफसर निलंबित

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.