[the_ad_group id="30365"]

थावे-मशरक खंड पर जल्दिये सुरू होइहें सs लमहर दूरी के ट्रेन, पैसेंजर ट्रेन के संचलन में होई इजाफा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

थावे-मशरक रेलखंड से जुड़ल लोगन खातिर निमन खबर बा। लमहर दूरी के यात्रा खातिर अब यात्रियन के ट्रेन पकड़े खातिर छपरा, पटना भा सीवान जाये के जरूरत ना पड़ी। जल्दिये रउआ अपना रूट के स्टेशनन से देस-परदेस के यात्रा कs सकी लो।

रेल प्रशासन रूट पs लमहर दूरी के ट्रेनें चलावे के दिसा में कवायद सुरू कs देले बा। छपरा जंक्शन आ छपरा कचहरी के बीच इंटरलॉकिंग आ नॉन-इंटरलॉकिंग के काम दु दिन में पूरा होखे वाला बा। लमहर समय से चल रहल ई रेल तकनीकी कार्य 14 जनवरी के पूरा हो जाई।

15 के रेल संरक्षा आयुक्त कावर से सीआरएस के हाई स्पीड ट्रॉयल लिहल जाएई। 16 जनवरी से ट्रैक पs पूर्ववर्ती ट्रेनन के परिचालन होखे लागी। रेल यात्री फरवरी के बाद अपना नजदीकी स्टेशनन से दिल्ली, कोलकाता, हरियाणा, पंजाब, मध्य प्रदेश, उत्तराखंड, असम, झारखंड सहित आउर राज्यन खातिर यात्रा कs सकी लो।

पूर्वोत्तर रेलवे के जनसंपर्क अधिकारी अशोक कुमार के मोताबिक जल्दिये लमहर दूरी के ट्रेन सुरू होई। दीवाली आ छठ के बेरा जवना समय पs स्पेशल डेमू के परिचालन कइल जात रहे। ओहि समय पs पैसेंजर ट्रेन चलावे के योजना बा।

साल 2017 में ई रेलखंड बड़ी लाईन में बदलल गइल रहे। अमान परिवर्तन के बाद से सुरुआती दौर में सबसे पहिले छपरा से थावे जंक्शन के बीच दु जोड़ी स्पेशल पैसेंजर ट्रेनन के परिचालन सुरू कइल गइल रहे। ओकरा बाद रेल प्रशासन यात्री सुविधन के विस्तार करत छपरा कचहरी से लखनऊ जंक्शन तक लखनऊ एक्सप्रेस के परिचालन सुरू कइलस। कुछ दिनन बाद लखनऊ एक्सप्रेस के परिचालन गोमती नगर तक कइल जाये लागल।

पैसेंजर ट्रेनें बढ़िहें सs

नया वित्तीय वर्ष में पैसेंजर ट्रेनन के परिचालन बढ़ला के संभावना बा। थावे जंक्शन से छपरा कचहरी तक दस बजे के पहिले सर्विस ट्रेन चलावे के योजना बा। एसे दैनिक यात्रियन के सहूलियत होई। पहिले एक रेल खंड पs सर्विस ट्रेन के परिचालन कइल जात रहे। बाकिर समय सारणी बदलला के बाद ई ट्रेन अब दुपहरिया में चलावल जात बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]