[the_ad_group id="30365"]

झारखंड में बढ़ल ठंड.. 7 डिग्री तक गिरल पारा: कइयन जिलन में आजुओ कोहरा; मकर संक्रांति बाद बरखा के आसार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड के कइयन जिलन में तापमान में गिरावट महसूस होखे लागल बा। मौसम विभाग बतवलस कि पिछला 24 घंटा में मौसम शुष्क रहल बा। तापमान में तीन से सात डिग्री के गिरावट आइल बा। राज्य में अगिला पांच दिनन तक मौसम शुष्क रही बाकिर छठा आ सातवां दिन बरखा के संभावना बा।

रांची में मौसम साफ बा बाकिर बोकारो, धनबाद सहित कइयांत इलाकन में सबेरे कोहरा आ धुंध नजर आ रहल बा। ठंड के कारण लोग घरन से कम निकल रहल बा।

पिछला 24 घंटा में सबसे जादे तापमान 27.6 डिग्री सेल्सियस चाईबासा में दर्ज कइल गइल। ओहिजा सबसे न्यूनतम तापमान गढ़वा में 5.7 डिग्री सेल्सियस रहल।

झारखंड के उत्तर पश्चिम इलाकन में जादे ठंड

मौसम विभाग राज्य के न्यूनतम तापमान में कवनो बड़ बदलाव के संभावना जाहिर नइखे कइले। हालांकि मक्रर सक्रांति के बाद तापमान में तनिका बढ़न्ती हो सकत बा, जवना से ठंड से राहत मिली। न्यूनतम तापमान में तनिका राहत मिल सकत बा।

मौसम वैज्ञानिक अभिषेक आनंद कहलें कि सर्द हवा के वजह से अभी तापमान में गिरावट आइल बा। राज्य के उत्तर पश्चिम इलाकन में तापमान जादे गिरल बा।

मौसम विभाग के अपील, रखी आपन धेयान 

15 जनवरी के बाद से हलुका बदरी नजर आई। एकरा बाद हलुका बरखा हो सकत बा। एकरा बाद फेर मौसम में बदलाव नजर आ सकत बा। हिमालय से सटल राज्यन में बर्फबारी के कारण अचके राज्य में ठंड बढ़ गइल बा।

अइसन में मौसम विभाग लोगने से अपील कइले बा कि अभी सेहत के खास धेयान रखला के जरूरत बा। खास कs के बुजुर्ग आ लईकन के विशेष धेयान रखला के जरूरत बा। तापमान में आ रहल बढ़त आ गिरावट से खुद के सुरक्षित रखीं। अभी दु से तीन दिन एही तरह के मौसम रहला के पूरा संभावना बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]