Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा से चले वाली कइयन गो ट्रेन रद्द: लखनऊ मंडल में इंटरलॉकिंग कार्य के चलते ट्रेनन के कइल गइल कैंसिल, यात्रा से पहिले देखीं लिस्ट

451

रेल विभाग कावर से अपना मूलभूत संरचना में लगातार बदलाव कइल जइल रहल बा। जवना से यात्रा करे वाला लोगन के बेहतर सुविधा उपलब्ध करावल जा सके। एही क्रम में रेलवे प्रशासन कावर से यात्री सुविधा में उन्नयन आ परिचालनिक सुगमता खातिर उत्तर रेलवे के लखनऊ मंडल के बाराबंकी जं. स्टेशन पर नान इण्टरलॉक कार्य के चलते गाड़ियन के निरस्तीकरण में संशोधन कइल जाई।

ई जानकारी रेलवे के जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देलें। निश्चित अवधि के बाद सब ट्रेन आपन मार्ग आ समय से संचालित होखे लागी। छपरा से चले वाली कइयन ट्रेनन के परिचालन रद्द कइल गइल बा।

संशोधन निरस्तीकरण के अनुसार

  • लखनऊ जं. से 12 दिसंबर, 2023 से 15 जनवरी, 2024 तक चले वाली 15054 लखनऊ जं.-छपरा एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • छपरा 11 दिसंबर, 2023 से 16 जनवरी, 2024 तक चले वाली 15083 छपरा-फर्रुखाबाद एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • फर्रुखाबाद 12 दिसंबर, 2023 से 17 जनवरी, 2024 तक चले वाली 15088 फर्रुखाबाद-छपरा एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • छपरा 12 दिसंबर 2023 से 18 जनवरी, 2024 तक चले वाली 15053 छपरा-लखनऊ जं. एक्सप्रेस निरस्त रही।
711410cookie-checkछपरा से चले वाली कइयन गो ट्रेन रद्द: लखनऊ मंडल में इंटरलॉकिंग कार्य के चलते ट्रेनन के कइल गइल कैंसिल, यात्रा से पहिले देखीं लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.