Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लीवर के बीमारी चुपचाप देले दस्तक, ए संकेतन से करीं डैमेज के पहिचान

4,129

लीवर खराब होखले पर इंसान आपन जान से जा सकsता। लीवर डैमेज होखले के बाद पाचन तंत्र भी ठीक से काम नाइ करsला। लीवर आप के बॉडी से टॉक्सिन्स से बाहर निकालल जाला अउर प्रोटीन बनावे में मदद करsला। लीवर में खराबी होखले के कारण भूख न लागल अउर कमजोरी जइसन समस्या हो सकsता। लीवर के खराब होखले के संकेत अगर शुरुआती दिन में ही पहचान लिहल जाय त एहसे रउआ अपना के काफी हद ले एके डैमेज होखले से बचा सकतनीं। आजु हम आप के लीवर के खराब होखले के शुरुआती लक्षण के बारे में बताएब-

जी मिचिलाइल चाहे फिर उलटी आइल

जी मिचिअइले के समस्या लीवर के खराब होखले के एगो बहुतही आम लक्षन बा। अइसन एहलिए होला काहेसेकि लीवर के खराब होखले के बाद आपके बल्ड से टॉक्सिन्स सही से नाइ निकल पावsता, जेकरे वजह से बेर-बेर जी मिचsलाला। एकरे अलावा लीवर डैमेज होखले पर खाना सही से नाइ पच पावsता जेकरे चलते मल बहुते जियादा पातर अउर हलुक रंग के होला।

पेशाब के रंग बदलल

जब लीवर खराब होखे लागsला त ई बिलीरुबिन केमिकल के नाइ तूड़ पावsला, जेकरे वजह से एकर लेवल लीवर में बढ़े लागsला। लीवर के डैमेज होखले के स्थिति में यूरिन के रंग गहरा पीयर हो जाला। एकरे अलावा लीवर के खराबी में आंख अउर स्किन के कलर भी पीयर पड़े लागsला।

कुछ खइले के तुरंत बाद टॉयलेट गइल

लीवर डैमेज होखले पर कुछू खइले के बाद तुरंत टॉयलेट गइले के मन करsला। अइसन कइले से सेहत के बहुत नुकसान पहुंचला। जब लीवर खराब हो जाला, त ई भोजन के एब्जॉर्ब नाइ कs पावsला जेसे कोलन सिकुड़े लागsला। जेकरे वजह से बेर-बेर टॉयलेट गइले के इच्छा होला।

389170cookie-checkलीवर के बीमारी चुपचाप देले दस्तक, ए संकेतन से करीं डैमेज के पहिचान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.