[the_ad_group id="30365"]

करिक्का मोतियाबिंद छीन रहल बा आंखन के रोशनी, तेजी से बढ़ रहल बा मामिला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

काला मोतियाबिंद मरीजन के आंख के रोशनी छीन रहल बा। मोतियाबिंद के नजरअंदाज करे वाले लोग एह बीमारी के शिकार हो रहल बानें। बीआरडी मेडिकल कॉलेज में काला मोतियाबिंद से पीड़ित मरीजन के संख्या पिछले एक साल में तेजी से बढ़ल बा। पहिले जहां हर महीना 10 फीसदी मरीज आवत रहनें, उहवें अब ई संख्या बढ़ के 20 से 25 फीसदी हो गइल बा। एहमें पांच प्रतिशत मरीजन के आंख के रोशनी चल जा रहल बा।
जानकारी के मुताबिक, बीआरडी मेडिकल कॉलेज में हर महीना मोतियाबिंद के करीब 200 ऑपरेशन होला। एहमें 25 से 30 मरीज काला मोतियाबिंद से पीड़ित मिल रहल बानें। इनके अलावा 10-12 प्रतिशत मरीजन के दवा दे के इलाज कइल जा रहल बा। डॉक्टरन के भाषा में एह बीमारी के ग्लूकोमा भी कहतनें।
BRD
बीआरडी मेडिकल कॉलेज के नेत्र रोग विभागाध्यक्ष डॉ राम कुमार जायसवाल बतवलें कि काला मोतियाबिंद बेहद खतरनाक बीमारी ह। एह बीमारी में मरीजन के कौनो लक्षण दिखाई नाइ देता। इहे वजह बा कि एह बीमारी में मरीजन के आंख के रोशनी चल जाला।
eye
काला मोतियाबिंद में आंखन के नस (ऑप्टिक नर्व) पर दबाव पड़sला एहसे उनके काफी नुकसान पहुंचsला। लगातार दबाव पड़ले से नर्व ले ब्लड के सप्लाई नाइ पहुंचsला, एहसे नर्व नष्ट हो जाला। एही ऑप्टिक नर्व के जरिए सूचना अउर चित्र दिमाग ले पहुंचsला। अगर ऑप्टिक नर्व अउर आंखन के अन्य भाग पर पड़े वाले दबाव के कम न कइल जाव, त आंख के रोशनी चल जाले।
Cataracts

 

पांच तरह के होला काला मोतियाबिंद

डॉ राम कुमार जायसवाल बतवलें कि काला मोतियाबिंद पांच तरह के होला। पहिला प्राथमिक चाहे ओपन एंगल ग्लूकोमा, एंगल क्लोजन ग्लूकोमा, लो टेंशन चाहे नार्मल टेंशन ग्लूकोमा, कोनजेनाइटल ग्लूकोमा अउर सेकेंडरी ग्लूकोमा होला। बतवलें कि पूर्वांचल में सबसे बेसी मरीज ओपन एंगल ग्लूकोमा के मिलेने। हर महीना 25 से 30 मरीज काला मोतियाबिंद के इलाज खातिर आ रहल बानें। एहमें पांच फीसदी मरीजन के आंख के रोशनी भी चल जा रहल बा।
eye

 

काला मोतियाबिंद के लक्षण

डॉ. राम कुमार जायसवाल बतवलें कि आमतौर पर काला मोतियाबिंद के कौनो विशेष लक्षण नाइ होला। इहे वजह ह कि लोग के एह बीमारी के पता समय से नाइ चल पावला। इलाज में देरी के वजह से मरीजन के आंख के रोशनी चल जाला। आंख अउर सिर में तेज दर्द होखल। नजर कमजोर होखल चाहे धुंधराह लउकल। आंख लाल होखल। रोशनी के चारों ओर रंगीन छल्ला लउकल। जी मचलाइल अउर उल्टी होखल जइसन लक्षण मिलsला।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]