Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बच्चा के ब्रेकफास्ट में देवे के बा कुछ हेल्दी त बनाईं चुकंदर अउरी आलू के कटलेट, स्वाद आई पसंद

3,081
बच्चन के हमेशा कुछ टेस्टी अउरी बाहर के खाना खाए के मन करsला। अईसन में हर मां सोचेली कि ओनके खइले में अइसन का दें जौन हेल्दी होखले के साथ टेस्टी भी होखे। खासतौर पर बच्चे चुकंदर अउरी सब्जी वगैरह खइले में आनाकानी करेने। अगर आपके बच्चा भी सब्जी खइले में दिलचस्पी नाई दिखावता त उनके ब्रेकफास्ट में कटलेट बना के देईं। सब्जियन से बने ई कटलेट बच्चवन के खूब पसंद आई। चुकंदर अउरी आलू के बनल कटलेट न केवल स्वाद में लाजवाब होई बलुक ई काफी हेल्दी भी होई। त चलीं जानल जाव चुकंदर अउरी आलू के बनल कटलेट बनवले के रेसिपी-
beetroot

चुकंदर अउरी आलू कटलेट बनवले के सामग्री

दू चुकंदर, दू आलू, जीरा पाउडर एक चम्मच, लाल मिर्च पाउडर, चाट मसाला एक चम्मच, तेल तले खातिर, नमक स्वादानुसार।
potato

चुकंदर अउरी आलू के कटलेट बनवले के विधि

सबसे पहिले चुकंदर के निम्मन तरह से धो लेई। फिर आलू के साथ चुकंदर के उबाल लेई। जब ई दोनों उबल जाय त एनके ठंडा क के छिलका निकाल लेई। फिर कौनों कचोरी में आलू के मैश कर लेई। साथ में चुकंदर के छिलका के निकाल के ओके मैश करीं। मैश कइल चुकंदर अउरी आलू में जीरा पाउडर, धनिया पाउडर, चाट मसाला पाउडर, काला नमक अउरी थोड़ा सा सफेद नमक मिलाई।
cutlet

साथ में बारीक कटल हरा मिर्च डालीं। अउरी हरिहर धनिया को भी बारीक काट कर मिला लेई। स्वाद के हिसाब से थोडा सा लाल मिर्च पाउडर डालीं। बच्चन खातिर बना रहल बानी त लाल मिर्च कम  डालीं। अब सारा चीज के अच्छा से मिला लेई। अगर ई चिपक रहल होखे त चाहीं त इसमे थोड़ा सा कॉर्नस्टार्च मिला सकत बानीं। अब एह मिश्रण के हाथ में तेल लगा के कटलेट के आकार देई।
cutlet
कड़ाही में तेल डालीं अउरी गैस पर गर्म करीं। जब तेल गर्म हो जाए त ओमे कटलेट डाल के फ्राई करीं। एके सुनहरा होखले तक अलट-पलट कs तलीं। जब ई अच्छा से गोल्डन ब्राउन हो जाय त इनके निकाल के प्लेट में टोमैटो के साथ सर्व करीं।
302780cookie-checkबच्चा के ब्रेकफास्ट में देवे के बा कुछ हेल्दी त बनाईं चुकंदर अउरी आलू के कटलेट, स्वाद आई पसंद

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.