आम के खटमिठवा गुड़ अचार: एकता त्रिपाठी के रसोई से

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 4, 2022

गर्मी के मौसम के आवते आम आवे लागेला। लोग कच्चा आम से अलग-अलग प्रकार के अचार बनावल पसंद करेले। आम के अचार चाहे ऊ मसालेदार होखे भा खट्टा सभके पसंद बा। मीठा आम के अचार

Share

गर्मी के मौसम के आवते आम आवे लागेला। लोग कच्चा आम से अलग-अलग प्रकार के अचार बनावल पसंद करेले। आम के अचार चाहे ऊ मसालेदार होखे भा खट्टा सभके पसंद बा। मीठा आम के अचार भी कई तरह से बनावल जाला। ई गुड़ भा चीनी से बनावल जाला। घर में टेस्टी आम के मीठा अचार बनावे के तरीका जानीं।

 

रेसीपी

1 किलो कच्चा आम
1 किलो गुड़

मसाला

1 छोटा चम्मच मेथी,
1 छोटा चम्मच जीरा,
1 छोटा चम्मच मगरेला,
1 छोटा चम्मच सौंफ,
5 सुखी लाल मिर्च,
2 तेजपत्ता
आधा छोटा चम्मच हल्दी पाउडर,
आधा छोटा चम्मच काला नमक,
2 बड़े चम्मच सरसों का तेल

बनवले के विधि

आम के छिलका छील के छोटहन-छोटहन टुकड़ा में काट के धो लेईं।
गैस पs एगो कड़ाही रखीं, जब कड़ाही निम्मन से गरम हो जाए त ओमे तेल डाल दीं। तेल निम्मन से गरम हो गइला के बाद लाल मिर्ची अउर तेजपत्ता, संगही में मेथी, जीरा, सौम्फ, मगरेला डाल देईं। मसाला के तनि सा भुनला के बाद काटल आम डाल दीं। तनी देर भूज के ओमें गुड़ अउरी एक कप पानी डार दीं। आम अउरी गुड़ के मद्धिम आँच पs पाके दीं। जब गुड़ निम्मन से पाक जाए, त हल्दी पाउडर अउरी नमक डार दीं। फेर मद्धिम आँच पर 20 से 25 मिन तक पकाईं। आम गुड जब निम्मन से पाक जाए त गैस बन्द कs देईं।

गुड़अचरा के कौनो प्लास्टिक चाहे काँच के डिब्बा में बन्द कsके फ्रिज में रख देईं अउरी जब्बे मन करे तब्बे पूड़ी चाहे पराठा के संगे खाईं।

 

–  एकता त्रिपाठी

    गृहणी

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.