खादिम गौहर चिश्ती हैदराबाद से गिरफ्तार, नुपुर शर्मा के ‘सर तन से जुदा’ के देले रहस धमकी

Share

सर तन से जुदा आ भाजपा के पूर्व प्रवक्ता नूपुर शर्मा के जान से मारे के धमकी देवे वाला गौहर चिश्ती के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। गौहर चिश्ती के तलाश पुलिस के दिनन से रहे। जानकारी के मोताबिक, गौहर चिश्ती के हैदराबाद से गिरफ्तार कइल गइल बा।

बता दीं कि अजमेर दरगाह के खादिम गौहर चिश्ती 17 जून के एगो आपत्तिजनक वीडियो में कहत नजर आवत रहे, “अगर कोई हमारे हुजूर की शान में गुस्ताखी करेगा तो हम इसको बिल्कुल बर्दाश्त नहीं करेंगे। गुस्ताखे रसूल की एक ही सज़ा, सिर तन से जुदा सिर तन से जुदा”…

पुलिस दल ओकरा के सुक के ट्रांजिट रिमांड पs अजमेर लेके आई। पुलिस बतवलस कि गौहर चिश्ती के खिलाफ भड़काऊ भाषण के लेके 25 जून के प्राथमिकी दर्ज कइल गइल रहे। एकरा बाद से ऊ फरार चलत रहे आ 29 जून के बाद से ऊ राजस्थान के बाहर चल गइल रहे।

गौहर चिश्ती के लेके खुलासा भइल रहे कि साल 2020 में ओकरा के सीआरपीएफ के वीडियो बनावे आ जासूसी के शक में गिरफ्तार कइल गइल रहे। उदयपुर के कन्हैयालाल हत्याकांड के जांच में जुटल NIA अजमेर दरगाह के खादिम गौहर चिश्ती के रडार पs लेले बिया। मानल जात बा कि गौहर देश विरोधी गतिविधियन में पहिलहू लिप्त रहल बा। पहिले CRPF कैंप के VIDEO बनवला के कारण पुलिस एकरा के पकड़ले रहे। पुलिस ओकरा के चेतावनी देत छोड़ देले रहे।

28 जून के उदयपुर में दर्जी कन्हैयालाल के मोहम्मद रियाज अत्तारी आ गौस मोहम्मद बेरहमी से हत्या कs देले रहले सs। कन्हैयालाल के हत्या नूपुर शर्मा के समर्थन में पोस्ट डाले पs भइल रहे। अजमेर शरीफ दरगाह के एगो आउर खादिम सलमान चिश्ती के पुलिस पहिलही भड़काऊ वीडियो बनावे के ममिला में गिरफ्तार कइले बिया। सलमान चिश्ती एह वीडियो में नूपुर शर्मा के सिर कलम करे वाला के इनाम में आपन मकान देवे के बात कहले रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-