[the_ad_group id="30365"]

राजस्थान : ’10 दिन में मंदिर से ना निकलब त सिर काट देब’, भरतपुर में पुजारी के मिलल धमकी, कन्हैया जइसन नतीजा होई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान में हिन्दू समाज के लोग के सिर काटे के धमकी मिले के प्रक्रिया बंद नईखे होखत। ताज़ा मामला भरतपुर जिला से सोझा आईल बा। इहाँ के एमएसजे कॉलेज में बनल मंदिर के पुजारी के दस दिन में मंदिर से बाहर ना निकलला प सिर काट के धमकी दिहल गईल बा। धमकी वाला चिट्ठी में इहो कहल गईल बा कि जदी मामला के बात ना मानल गईल त कन्हैयालाल जईसन नतीजा निकली। पुजारी के शिकायत प पुलिस मामला दर्ज क मामला के जांच शुरू क देलस। एकरा संगे-संगे एबीवीपी भी ए घटना के विरोध में कॉलेज के गेट प ताला लगा के प्रदर्शन कईले बा।

जानकारी के मुताबिक कॉलेज में बनल मंदिर के दीवार प एगो अनजान आदमी धमकी वाला चिट्ठी चिपका देले रहे। सबेरे जब मंदिर के पुजारी लोग पूजा करे अइले त उ लोग उ चिट्ठी देखले। जवना में 10 दिन में मंदिर छोड़े के धमकी रहे। चिट्ठी में कहल गईल रहे कि जदी अयीसन ना भईल त उदयपुर के कन्हैयालाल साहू के एकर नतीजा के सामना करे के पड़ी। इहाँ पुजारी के जानकारी प पुलिस मंदिर के दीवार प चिपकल चिट्ठी के हटा के मामला के जांच शुरू क देले बिया। पुलिस नजदीक में लागल सीसीटीवी कैमरा के फुटेज के जांच करतिया। पुलिस के कहनाम बा कि मामला के जांच कईल जाता। जल्दिए आरोपी के गिरफ्तार क लिहल जाई।

मामला सोझा अईला के बाद छात्र संगठन अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद (एबीवीपी) कॉलेज के गेट प ताला लगा के विरोध कईलस। ए दौरान पुलिस प्रशासन अवुरी सरकार के खिलाफ कड़ा नारा उठावल गईल। छात्र नेता लोग मांग कईले कि पुलिस आरोपी के जल्दी से जल्दी गिरफ्तार क कड़ा सजा देवे। राज्य में रोज ए तरह के धमकी के मामला सामने आवता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]