प्रयागराज। मनौरी में इस्थित एगो पटाखा फैक्ट्री में सोमार के दुपहरिया अचानक आग लाग गइल। पटाखन में भइल जोरदार धमाका से आसपास के इलाका में अफरा-तफरी मच गइल। धमाका एतना शक्तिशाली रहे कि आसपास के कइयन गो घर जमींदोज हो गइल। कइयन लोगन के मलबा में दबल होखे के आशंका जतावल जा रहल बा।
घटना में अब तक पांच लोगन के मौत आ 22 लोगन के घायल होखे के सूचना बा। घायलन के इलाज खातिर प्रयागराज के एसआरएन अस्पताल भेजल गइल बा। सूचना मिलतही पुलिस आ फायर ब्रिगेड के कइयन गो गाड़ी घटनास्थल पs पहुंच गइल आ आग बुझावे के काम सुरू कs देलस।
बतावल जा रहल बा कि दुपहरिया करीब 12 बजे से लगातार करीब एक घंटा तक पटाखन में धमाका होत रहे। आग पूरा तरे बुझला के बादे नुकसान के सही जानकारी सामने आ सकेला।
धमाका से आसपास के घर ढहल
पटाखन में अचानक धमाका सुरू भइला से आसपास के ग्रामीण दहल गइलें। कुछे देर में घटनास्थल पs लोगन के भीड़ जुट गइल। जानकारी के मोताबिक, जवना मकान में पटाखा में आग लागल, ओकरा लगे बूंदी के एगो कारखाना रहे, जहां करीब पांच लोग मवजूद रहे। लगही एगो आटा चक्की में छव लोग काम करत रहे।
धमाका बहुत देर तक होत रहे। घटना के बाद मलबा हटावे खातिर बुलडोजर मंगावल गइल आ राहत-बचाव के काम सुरू कइल गइल। बाद में कौशांबी के डीएम आ एसपी घटनास्थल पs पहुंच के पूरा इस्थिति के जायजा लेलें।
बस्ती से कुछ दूरी पs बनत रहे पटाखा
बतावल जा रहल बा कि पूरामुफ्ती थाना क्षेत्र के मनौरी में बस्ती से कुछ दूरी पs एगो मकान में पटाखा बनावल जात रहे। ई पटाखा फैक्ट्री मनौरी गांव निवासी आदिल के बतावल जा रहल बा। जवना मकान में पटाखा बनत रहे, ओकरा ऊपर से बिजली के तार गुजरत बा। सोमार के दुपहरिया अचानक मकान से धुआं निकलल शुरू भइल। ई देख गांव के लोग घटनास्थल के ओर दौड़लें। लोग कुछ समझ पावतें, ओकरा पहिले ही एक के बाद एक पटाखा फूटे लागल।
धमाका के आवाज से मच गइल अफरा-तफरी
लगातार पटाखा फूटे के आवाज से ग्रामीणन में खलबली मच गइल। कुछ लोग घटना के वीडियो बनाके सोशल मीडिया पs वायरल कs दिहल। घटना के जानकारी मिलतही पूरामुफ्ती आ पिपरी थाना के पुलिस टीम के संगे फायर ब्रिगेड के टीम मवका पs पहुंच गइल। आशंका जतावल जा रहल बा कि हादसा के समय जदि फैक्ट्री में मजदूर भा आउर लोग काम करत रहित, तs ओह लोगन के गंभीर नुकसान होखे के संभावना रहे।
आग बुझला के बाद साफ होई पूरा इस्थिति
एसीपी धूमनगंज रवि गुप्ता बतवलें कि टीम घटनास्थल पs पहुंच रहल बिया। आग पूरा तरे बुझला के बादे हादसा में भइल नुकसान आ मलबा में दबल लोगन के बारे में सही जानकारी मिल पाई।
कौशांबी में पटाखा फैक्ट्री में हादसा के ई पहिला ममिला नइखे। कुछ साल पहिले भरवारी में पटाखा फैक्ट्री में आग लागे से तीन लोगन के मौत हो गइल रहे, जबकि कइयन गो लोग घायल भइल रहे।






