[the_ad_group id="30365"]

GDP Growth : पीएम मोदी कहलें- दुनिया संकट से घिरल बा, तबो भारत 7.8% विकास दर हासिल कइलस, आत्मनिर्भर बनल जरूरी

Ganga Expressway Inauguration by PM Narendra Modi in Hardoi
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भारत के 7.8 प्रतिशत GDP Growth Rate के देस खातिर गर्व आ खुसी के विषय बतवले बाड़ें। ऊ कहलें कि मवजूदा समय में दुनिया के कइयन गो हिस्सा युद्ध, संघर्ष आ आर्थिक चुनौती से जूझ रहल बा। एह सबके बादो भारत मजबूत आर्थिक विकास दर हासिल कइले बा।

पीएम मोदी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म इंस्टाग्राम पs एगो पोस्ट के माध्यम से देसवासियन के एह उपलब्धि खातिर बधाई देलें। ऊ कहलें कि ई सफलता देस के लोगन के मेहनत, सामूहिक ताकत आ मजबूत संकल्प के नतीजा हs।

वैश्विक संकट के बीच भारत के मजबूत आर्थिक बढन्ती

प्रधानमंत्री कहलें कि दुनिया के कइयन गो हिस्सा में युद्ध आ तनाव के इस्थिति बनल बा। एकरा अलावे वैश्विक स्तर पs सप्लाई चेनाे प्रभावित भइल बा।

कोविड-19 महामारी के बाद से वैश्विक अर्थव्यवस्था अभी तक पूरा तरे इस्थिर नइखे हो पावल। अइसन चुनौतीपूर्ण समय में भारत के 7.8 प्रतिशत आर्थिक विकास दर देस के मजबूत आर्थिक इस्थिति के देखावत बा।

पीएम मोदी विपक्ष पs सधलें निशाना

पीएम मोदी अपना संदेश में विपक्ष पs निशाना साधलें। ऊ कहलें कि देस के भीतर कुछ लोग निराशा के माहौल बनावे के कोसिस में लागल बा। बाकिर एह सबके बादो भारत आपन आर्थिक रफ्तार बना के रखले बा।

प्रधानमंत्री कहलें कि अब चुनौती एह विकास दर के आगहू बरकरार रखे के बा। एकरा खातिर देस के आत्मनिर्भरता के दिशा में लगातार काम करे के जरूरत बा।

‘वोकल फॉर लोकल’ पs पीएम मोदी के जोर

प्रधानमंत्री देसवासियन से ‘वोकल फॉर लोकल’ के बढ़ावा देवे के अपील कइलें। ऊ स्वदेशी सामान के प्राथमिकता देवे पs जोर देलें। पीएम मोदी बिदेस में बियाह करे जइसन चलन से बचे आ जरूरत ना होखे तs सोना किने से बचे के बात कहलें। उनकर कहनाम बा कि देस जेतना जादे आत्मनिर्भर बनी, ओतने मजबूत देस के अर्थव्यवस्था होई।

विकसित भारत के लक्ष्य

प्रधानमंत्री कहलें कि आजादी के 100 साल पूरा होखे तक भारत आपन जुवा पीढ़ी के एगो विकसित भारत सउपे में सफल होई। ऊ देसवासियन से विकास के एह यात्रा में पूरा ताकत से जोगदान देवे के अपील कइलें। पीएम मोदी कहलें कि भारत के सामूहिक शक्ति देस के नया ऊंचाई तक ले जाये वाला सबसे बड़ ताकत बनी।

उनकर कहनाम बा कि देस के नीतियन के दिशा सही बा आ सरकार के नीयत साफ बा। देस के 140 करोड़ लोगन के सामूहिक शक्ति से भारत विकास के नया मुकाम हासिल कs सकेला।

Read Also: 01 सितंबर 2026 के राशिफल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]