Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गुजरात में ईसूदान गढ़वी होइहें AAP के ओर से सीएम पद के उम्मीदवार, केजरीवाल कइलें एलान

737

गुजरात चुनाव में अपने अउर अपने पार्टी के ताकत आजमावे जा रहल आप प्रमुख अरविंद केजरीवाल आजु सीएम प्रत्याशी के एलान कs दिहलें। राज्य में ईसूदान गढ़वी पार्टी के सीएम पद के उम्मीदवार होइहें। दिल्ली के बाद पंजाब में जीत के परचम फहरा चुकल केजरीवाल के गुजरात चुनाव से भी बड़ उम्मीद बा।

चुनाव आयोग एक दिन पहिलही गुजरात चुनाव के तारीख के एलान कइले बा। राज्य में दो चरण में एक अउर पांच दिसंबर के मतदान होई। एकरे सथही सत्तारूढ़ भाजपा, प्रमुख विपक्षी दल कांग्रेस के अलावा आप अउर एआईएमआईएम समेत अन्य दल तैयारी तेज कs देहले बा। आप सूत्र के मुताबिक, इसूदान गढ़वी के साथ सीएम उम्मीदवारी के रेस में गोपाल इटालिया के भी नाम रहल।

सीएम प्रत्याशी के संगे कल रोड शो करिहें केजरीवाल

चुनाव तारीख के एलान के बाद आप गुजरात में प्रचार अभियान तेज कs दिहले बा। पार्टी शनिचर से रोड शो शुरू करी। एहमें दिल्ली के सीएम केजरीवाल गुजरात में पार्टी के सीएम प्रत्याशी इसूदान गढवी के साथ चलिहें। आप राज्य में रोजाना दू से तीन रोड शो करी।

इटालिया से रहल गढवी के मुकाबला

आप के सीएम प्रत्याशी के रेस में प्रदेश पार्टी अध्यक्ष गोपाल इटालिया के नाम सबसे आगे रहल। दरअसल, इटालिया गुजरात के पाटीदार समुदाय के रहनें। ऊ पाटीदार आरक्षण आंदोलन में भी अग्रणी रहनें। उहवें, गढ़वी पूर्व पत्रकार हवें। हालांकि, इटालिया के साथ विवाद जुड़ले के बाद मानल जात रहल कि इटालिया के उम्मीदवारी कमजोर पड़ सकsता। आप जून से ही गुजरात में चुनाव अभियान शुरू कs दिहले रहल। ऊ लोक लुभावन चुनावी वादा अउर प्रचार के मामिला में दुसरे दल पर भारी पड़ल रहे।

त्रिकोणीय मुकाबला होई

गुजरात चुनाव में एह बेर त्रिकोणीय मुकाबला होई। सत्तारूढ़ भाजपा राज्य में फेर सत्ता प्राप्ति खातिर कौनो कसर नाइ छोड़ी, त मुख्य विपक्षी दल कांग्रेस भी पूरा ताकत झोकी। भाजपा राज्य में बीतल 27 साल से सत्ता में बानें, अउर एह बेर भी फेर जीत के परचम लहरवले में जुटल बा। आप एहमें तड़का लगा दिहल बा। पंजाब में जीत के बाद आप गुजरात के ले के भी उत्साहित बा। उहवें, सांसद असदुद्दीन ओवैसी के पार्टी एआईएमआईएम भी जोर आजमाइश करी।

369840cookie-checkगुजरात में ईसूदान गढ़वी होइहें AAP के ओर से सीएम पद के उम्मीदवार, केजरीवाल कइलें एलान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.