Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Firing on Imran Khan: रैली में इमरान खान प फायरिंग, पूर्व पीएम घायल, कहलें- दोबारा लड़ेम लड़ाई

पाकिस्तान मीडिया के रिपोर्ट के अनुसार, वजीराबाद में जफर अली खान चौक के लगे पूर्व पीएम आ पाकिस्तान तहरीक-ए-इंसाफ (पीटीआई) के अध्यक्ष इमरान खान के कंटेनर के लगे फायरिंग के सूचना मिलल रहे। 

820

पाकिस्तान के पूर्व प्रधानमंत्री इमरान खान प रैली के दौरान हमला भइल बा। हमलावर इमरान के कंटेनर के लगे गोलीबारी कइलें। एह दौरान इमरान खान सहित कुछ आउर लोग घायल हो गइल बा। इमरान खान के गोड़ में गोली लागल बा बाकिर ऊ सुरक्षित बतावल जा रहल बा। उनका के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। ओहिजा, पुलिस हमलावर के गिरफ्तार क लेले बिया आ ओकरा के अज्ञात जगह प लेके गइल बिया। मीडिया में हमलावर के मारल गइला के खबरो आ रहल बा।

पाकिस्तान मीडिया के रिपोर्ट के अनुसार, वजीराबाद में जफर अली खान चौक के लगे पूर्व पीएम आ पाकिस्तान तहरीक-ए-इंसाफ (पीटीआई) के अध्यक्ष इमरान खान के कंटेनर के लगे फायरिंग भइल, जेमे इमरान सहित कुछ आउर नेता घायल हो गइल लो। एह बीच इमरान खान के बयान सामने आइल बा। ऊ कहलें कि अल्लाह हमरा के नया जिनगी देले बमैं दोबारा से लड़ूंगा।

गोड़ में गोली लगला के खबर

पाकिस्तान के एआरवाई न्यूज रिपोर्ट के मानल जाव त गोली लगला से इमरान खान घायल हो गइल बाड़ें। उनका दहिना गोड़ में गोली लागल बा। उनका के लगही के अस्पताल में ले जाइल गइल बा। इमरान के करीबी फवाद चौधरी कहलें कि इमरान के गोड़ में गोली लागल बा। पीटीआई नेता फर्रूख हबीब कहलें, कायर आपन चेहरा दिखा देले बाड़ें स। इमरान खान हमला में घायल बाड़ें। पूरा देश के उनकर सलामती खातिर दुआ करे के चाहीं।

जियो टीवी के फुटेज से पता चलल बा कि 70 साल के खान के दहिना गोड़ में चोट लागल बा। पुलिस इमरान के कंटेनर से बुलेट प्रूफ वाहन में शिफ्ट क देलस। चैनल बतवलस कि एगो व्यक्ति के मौका से गिरफ्तार कर लिहल गइल बा आ पुलिस ओकरा के अज्ञात स्थान प ले गइल बिया। शुरुआत में ई बतावल गइल रहे कि इमरान खान सुरक्षित बाड़ें आ कुछ लोग घायल भइल बा। हालांकि, बाद में पता चलल कि इमरानो घायल हो गइल बाड़ें। अइसनो खबर बा कि हमला में खान के करीबी सीनेटर फैसल जावेदो घायल बाड़ें।

पाकिस्तानी मंत्री बोललें- इमरान सुरक्षित, दोषियन के दिहल जाई सख्त सजा

पाकिस्तान के प्रधानमंत्री शहबाज शरीफ इमरान प भइल हमला के निंदा कइलें बाड़ें। पाकिस्तानी मंत्री मुहम्मद बशारत राजा कहलें कि पंजाब के सीएम इमरान खान के कंटेनर के लगे भइल गोलीबारी के घटना प सख्त संज्ञान लिहलें बाड़े आ जमीनी रिपोर्ट के अनुसार हमलावर के गिरफ्तार क लिहल गइल बा। पाकिस्तानी मंत्री बियफे के एगो ट्वीट में कहलें, इमरान खान सुरक्षित बाड़ें। सीएम कंटेनर के लगे फायरिंग के घटना प सख्त संज्ञान लिहलें बाड़ें। आईजी पंजाब से रिपोर्ट मांगल गइल बा। जमीनी रिपोर्ट के अनुसार अपराधी के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा। एमे शामिल सभ लोगन के जल्दिये न्याय के कटघरा में ले आवल जाई।

368730cookie-checkFiring on Imran Khan: रैली में इमरान खान प फायरिंग, पूर्व पीएम घायल, कहलें- दोबारा लड़ेम लड़ाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.