Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सेमीफाइनल में भारत के सोझे इंग्लैंड के चुनौती, जानीं कब अउर कहां देख पाएब मैच

855
आईसीसी टी20 वर्ल्ड कप के दूसरे सेमीफाइनल में भारत के मुकाबला इंग्लैंड से अतवार (10 नवंबर) के होई। एह मैच के जीते वाली टीम 13 नवंबर के मेलबर्न में होखे वाले फाइनल में पाकिस्तान के खिलाफ खेली। पाकिस्तान पहिले सेमीफाइनल में न्यूजीलैंड के हरवले बा। सुपर-12 में भारतीय टीम ग्रुप-2 में शीर्ष पर रहल। उहवें, इंग्लैंड ग्रुप-1 में दूसरे पायदान पर रहल। दूनों टीम 10 साल बाद टी20 वर्ल्ड कप में आमने-सामने होई।
2007 टी20 वर्ल्ड कप में भारत इंग्लैंड के 18 रन से हरवले रहे। उहवें, 2009 में इंग्लैंड के टीम तीन रन से जीतल रहे। एकरे बाद 2012 में भारत ने 90 रन से मुकाबला अपने नाम कइले रहे। एह तरे टूर्नामेंट के इतिहास में इंग्लैंड के खिलाफ भारत 2-1 से आगे बा। ऊ एडिलेड में होखे वाले मुकाबला में इंग्लिश टीम के हरा के आपन बढ़त के बढ़ावल चाही।

टुर्नामेंट में दूनों टीम के सफर

एह टी20 वर्ल्ड कप में दूनों टीम के सफर के बात कइल जाव त भारत  अपने शुरुआती दू मैचन में पाकिस्तान अउर नीदरलैंड के खिलाफ जीतले रहे। ओके दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ तीसरे मैच में हार मिलल रहे। टीम इंडिया एकरे बाद फिर वापसी कइलें अउर बांग्लादेश के साथ-साथ जिम्बाब्वे के हरवलें। उहवें, इंग्लैंड अफगानिस्तान के पहिले मैच में हरवले रहनें। उनके फिर आयरलैंड के खिलाफ हार मिलल। ऑस्ट्रेलिया से तीसरा मैच रद्द हो गइल रहे। फिर उ न्यूजीलैंड अउर श्रीलंका के हरा के सेमीफाइनल में जगह बनवलस।

आई जानsतनी मैच के प्रसारण अउर ऑनलाइन टेलीकास्ट से जुड़ल सारी जानकारी…

कब बा भारत अउर इंग्लैंड के बीच मुकाबला?

भारत अउर इंग्लैंड के बीच मुकाबला 10 नवंबर यानी बियफ़े।

कहां खेलल जाई भारत अउर इंग्लैंड के बीच मैच?

भारत अउर इंग्लैंड के बीच मुकाबला एडिलेड में खेलल जाई।

कब शुरू होई भारत अउर इंग्लैंड के मुकाबला?

भारत अउर इंग्लैंड के मैच भारतीय समयानुसार दूपहर 1:30 बजे से बा। टॉस दुपहर 1:00 बजे होई।
कौन से टीवी चैनल पर प्रसारित होई मैच?

टी20 वर्ल्ड कप के प्रसारण के अधिकार स्टार स्पोर्ट्स नेटवर्क (Star Sports Network) के लग्गे बा। आप स्टार स्पोर्ट्स के अलग-अलग चैनल पर हिंदी अउर इंग्लिश के अलावा देश के दूसर भाषा में कमेंट्री के संगे ई मैच देख सकतनीं।

फ्री में कैसे देखें मैच?
डीडी फ्री डिश में एह मैच के प्रसारण डीडी स्पोर्ट्स चैनल पर कइल जा रहा है। डीडी स्पोर्ट्स चैनल खातिर कौनो शुल्क नाइ देवे के पड़sला। अइसे में आप बिना कौनो पैसा दिहले ई मैच देख सकsतनी।
375890cookie-checkसेमीफाइनल में भारत के सोझे इंग्लैंड के चुनौती, जानीं कब अउर कहां देख पाएब मैच

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.