बिहान 3 दिग्गजन के मिली ICC Hall of Fame सम्मान, एगो महिला क्रिकेटरो शामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 8, 2022

इंटरनेशनल क्रिकेट काउंसिल माने आईसीसी आज अपना नया हॉल ऑफ फेम पावे वाला दिग्गजन के ऐलान कइलस। अब ई लिस्ट 109 नामन के हो गइल बा। आईसीसी हॉल ऑफ फेम पुरस्कार अब तक 106 दिग्गज

Share

इंटरनेशनल क्रिकेट काउंसिल माने आईसीसी आज अपना नया हॉल ऑफ फेम पावे वाला दिग्गजन के ऐलान कइलस। अब ई लिस्ट 109 नामन के हो गइल बा। आईसीसी हॉल ऑफ फेम पुरस्कार अब तक 106 दिग्गज क्रिकेटरन के मिलल रहे। मंगर 8 नवंबर के eh लिस्ट में तीन नया नाम शामिल कइल गइल, जेमें एगो वेस्टइंडीज, एगो इंग्लिशआ एगो पाकिस्तानी क्रिकेटर के जगह मिली।

एगो वोटिंग प्रोसेस के बाद जेमें मौजूदा हॉल ऑफ फेमर्स, मीडिया प्रतिनिधि आ FICA आ ICC के वरिष्ठ अधिकारी शामिल रहे लो। ऊ लोग वेस्टइंडीज के पूर्व महान बल्लेबाज शिवनारायण चंद्रपॉल, इंग्लैंड के पूर्व महिला क्रिकेटर चार्लोट एडवर्ड्स आ पाकिस्तान के पूर्व स्पिनर अब्दुल कादिर के हॉल ऑफ फेम खातिर चुनल, के क्रमशः 107, 108 आ 109वां नंबर के हॉल ऑफ फेम पावे वाला क्रिकेटर बाड़े।

ICC हॉल ऑफ फेम ओह खिलाड़ियन के मिलेला, जे रिटायरमेंट ले चुकल बा आ ऊ क्रिकेट के दुनिया में आपन नाम रोशन कइले बा। ई तीनों व्यक्ति खेल में आपन महत्वपूर्ण जोगदान के माध्यम से एगो स्थायी विरासत छोड़ले बा। बुध 9 नवंबर के सिडनी क्रिकेट ग्राउंड में आईसीसी टी20 वर्ल्ड कप 2022 के सेमीफाइनल से पहिले एगो विशेष प्रस्तुति समारोह में एह लोगन के सम्मानित कइल जाई।

ICC के मुख्य कार्यकारी अधिकारी ज्योफ एलार्डिस कहलें, “ICC हॉल ऑफ फेम ओह प्रतिष्ठित व्यक्तियन के दिहल जाला, जे क्रिकेट के इतिहास के आकार देले बा। एह तरे सबसे अच्छा क्रिकेटरन के सम्मानित कइल जात बा आ शिवनारायण, चार्लोट आ अब्दुल के स्थायी जोगदान के इयाद कइल अद्भुत बा। हमनी के महान खेल के एह तीन राजदूतन के अंतरराष्ट्रीय मंच प जबरदस्त सफलता मिलल आ ऊ लोग आईसीसी हॉल ऑफ फेमर्स के रूप में आपन स्थिति के बड़ पैमाना प हकदार बा लो।”

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.