India Defence Deal : 114 राफेल आ 6 P-8I विमान किने के मंजूरी, 3.25 लाख करोड़ रुपिया के रक्षा सौदा 

Share

सेंट्रल डेस्क। देस के सुरक्षा बेवस्था के आउर मजबूत बनावे के दिशा में एगो बड़ कदम उठावल गइल बा। रक्षा अधिग्रहण परिषद (DAC) एगो ऐतिहासिक रक्षा खरीद के मंजूरी दे देलस। परिषद भारतीय वायुसेना खातिर 114 राफेल लड़ाकू विमान आ भारतीय नौसेना खातिर 6 P-8I पोसीडॉन समुद्री निगरानी विमान खरीदे के प्रस्ताव पs मुहर लगा देलस। एह सौदा के भारत के अब तक के सबसे बड़ रक्षा खरीद योजना में गिनल जा रहल बा। एकर अनुमानित लागत करीब 3.25 लाख करोड़ रुपिया बतावल जा रहल बा।

वायुसेना के मिली 6 से 7 नया स्क्वाड्रन

एह रक्षा सौदा के सबसे अहम पहलू भारतीय वायुसेना के घटत स्क्वाड्रन संख्या के संभालल बा। 114 नया राफेल विमान सामिल होखला से वायुसेना के 6 से 7 नया स्क्वाड्रन मिल जाई। अभी वायुसेना लगे करीब 30 स्क्वाड्रन बा, जबकि देस के सुरक्षा जरूरत पूरा करे खातिर 42 स्क्वाड्रन के जरूरत बा।

- Sponsored Ads-

डीएसी से मंजूरी मिलला के बाद अब एह प्रस्ताव के अंतिम स्वीकृति खातिर कैबिनेट कमेटी ऑन सिक्योरिटी (CCS) लगे भेजल जाई। मंजूरी मिलतही रक्षा सौदा के औपचारिक प्रक्रिया आगे बढ़ाई जाई।

नौसेना के समुद्री निगरानी होई मजबूत

आसमान के संगे-संगे समंदर में भारत के निगरानी ताकत आउर बढ़े वाला बा। डीएसी भारतीय नौसेना के बेड़ा में 6 नया P-8I एयरक्राफ्ट जोड़े के मंजूरी दे देलस। अभी भारतीय नौसेना 12 P-8I विमान के संचालन कs रहल बा।

नया विमान सामिल होखला से हिंद महासागर क्षेत्र में समुद्री निगरानी आउर मजबूत होई। एह विमानन से पनडुब्बी रोधी (एंटी सबमरीन) क्षमता बहुते बढ़ जाई, जवन देस के समुद्री सुरक्षा खातिर बेहद जरूरी मानल जा रहल बा।

Read Also: Red Fort Blast : जैश-ए-मोहम्मद करवले रहे लाल किला के लगे धमाका, UNSC के रिपोर्ट में पाकिस्तान फेर बेनकाब

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-