[the_ad_group id="30365"]

Lakhbir Singh Landa: भारत लखबीर सिंह लांडा को घोषित कइलस आतंकी, बब्बर खालसा के हs सदस्य; जानीं का बा आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बब्बर खालसा इंटरनेशनल के सदस्य लखबीर सिंह लांडा के केंद्रीय गृह मंत्रालय आतंकी घोषित कइले बा। केंद्रीय गृह मंत्रालय लखबीर सिंह लांडा के आतंकवादी घोषित कइल गइला के लेके अधिसूचना जारी कs देले बा। गृह मंत्रालय के अधिसूचना के मोताबिक लखबीर सिंह लांडा के खिलाफ गैरकानूनी गतिविधि अधिनियम के तहत ई फैसला लिहल गइल बा।

के हs लखबीर सिंह लांडा?

दरअसल, लखबीर सिंह लांडा के जनम पंजाब में भइल रहे। ऊ कनाडा इस्थित बब्बर खालसा इंटरनेशनल के सदस्य हs। तरनतारन जिला के रहे वाला लांडा के ठिकाना कनाडा के अल्बर्टा में बा।

पंजाब पुलिस इंटेलिजेंस मुख्यालय पs हमला के आरोप

अधिसूचना के मोताबिक, लखबीर पs आरोप बा कि ऊ मोहाली में पंजाब पुलिस इंटेलिजेंस मुख्यालय पs रॉकेट के मदद से हमला के अंजाम देले रहे।

लखबीर पs ई बा आरोप

एकरा अलावे लखबीर सिंह लांडा पs पंजाब में आतंकवादी गतिविधियन के अंजाम देवे खातिर सीमा पार से आईईडी, हथियार आ विस्फोटकन के सप्लाई करे के आरोप बा।

संगही लखबीर सिंह लांडा अलग-अलग आपराधिक ममिलन में सामिल रहल बा। जइसे आतंकी मॉड्यूल के खड़ा करे, जबरन वसूली, हत्या, आईईडी लगावल, हथियारन आ नशीला पदार्थन के तस्करी आ धन के इस्तेमाल सामिल बा।

साल 2021 में जारी भइल रहे लुक आउट सर्कुलर

बता दीं कि लखबीर सिंह लांडा के खिलाफ साल 2021 में लुक आउट सर्कुलर जारी कइल गइल रहे। NIA लांडा पs इनामो घोषित कइले रहे। केंद्र सरकार के मोताबिक, लखबीर सिंह आतंकवादी गतिविधियन में सामिल बा। एही के चलते ओकरा के आतंकी घोषित कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]