[the_ad_group id="30365"]

अयोध्या पहुंचले पीएम मोदी, सीएम योगी कइले स्वागत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अयोध्या में रामलला के अभिषेक समारोह के तैयारी जोर शोर से चल रहल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अयोध्या चहुँप गइल बाड़न आ आजु ऊ अयोध्या के एगो बड़हन उपहार दीहें। पीएम मोदी महर्षि वाल्मीकी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा आ पुनर्विकसित अयोध्या धाम रेलवे स्टेशन के नवनिर्मित भवन के उद्घाटन भी करीहें। पीएम मोदी अयोध्या से 6 गो वंदे भारत आ दू गो अमृत भारत ट्रेन के फ्लैग ऑफ करीहें। एकरा बाद पीएम मोदी महर्षि वाल्मीकि अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा से 16 किलोमीटर के रोड शो भी करीहे, जवना के दौरान वैदिक मंत्र के जाप के बीच संत समाज के संगे वैदिक ब्राह्मण पुष्प वर्षा करीहे।

कड़ा सुरक्षा खातीर प्रशासन सड़क के दुनो ओर बैरिकेडिंग कईले बिया। प्रधानमंत्री के अइला के चलते राष्ट्रीय राजमार्ग पs यातायात पूरा तरह से बंद हो गइल बा, आ अयोध्या धाम में पैदल चले पs भी रोक लगा दिहल गइल बा। अयोध्या में आजु प्रधानमंत्री 15,700 करोड़ के 46 गो विकास परियोजना के उद्घाटन करीहें आ साथही 11,100 करोड़ के परियोजना खाली अयोध्या आ ओकरा आसपास के इलाका खातिर उपहार में दीहें।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]