[the_ad_group id="30365"]

नीना सिंह CISF के पहिला महिला चीफ बनली: CBI के जॉइंट डायरेक्टर रहल रहली, शीना बोरा मर्डर-जिया खान सुसाइड जइसन हाईप्रोफाइल केस से जुड़ल रहली 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल इंडस्ट्रियल सिक्योरिटी फोर्स (CISF) के डायरेक्टर जनरल के जिम्मा पहिला बेर एगो महिला के सउपल गइल बा। राजस्थान कैडर के 1989 बैच के IPS ऑफिसर नीना सिंह के ई जिम्मेदारी मिलल बा। पूरा देस के एयरपोर्ट, दिल्ली मेट्रो आ आउर सरकारी भवनन के सिक्योरिटी के जिम्मा सीआईएसएफ के लगे बा। नीना राजस्थान पुलिस के पहिला महिला DG रह चुकल बाड़ी।

नीना सिंह फिलहाल CISF के स्पेशल DG के पोस्ट पs  रहली। ऊ 2021 में CISF से जुड़ल रहली। उनकर रिटायरमेंट 31 जुलाई 2024 में होई, तब तक ऊ CISF चीफ के पोस्ट पs बनल रहिहें।

नीना सिंह 2013 से 2018 के बीच CBI के जॉइंट डायरेक्टर पद पs रहली। एह दौरान ऊ कइयन गो हाई प्रोफाइल ममिलन पs काम कइली। उनका के 2020 में अति उत्कृष्टता सेवा मेडल से सम्मानित कइल गइल रहे। नीना सिंह नोबेल विजेता अभिजीत बनर्जी आ एस्थर डुफ्लो के संगे दुगो रिसर्च पेपरो लिख चुकल बाड़ी।

नीना सिंह के स्पेशल प्रोजेक्ट

नीना सिंह 2000 में राजस्थान महिला आयोग के सदस्य सचिव के रूप में तैनात रहली। एह दौरान ऊ महिलन खातिर आउटरीच प्रोग्राम डिजाइन कइले रहली। एमे आयोग के मेंबर अलग-अलग जिलन में जाके महिला लोगन से बात कs के ओह लोगन के परेसानियन के सुनते रहे लो आ हल करे के कोसिस करत रहे लो।

नीना सिंह 2005-2006 में मैसाचुसेट्स इंस्टीट्यूट ऑफ टेक्नोलॉजी खातिर पुलिस स्टेशनन के पब्लिक खातिर सहज बनावे के प्रोजेक्ट पs काम कइले रहली।

नीना सिंह के पति IAS अफसर

IPS नीना सिंह के पति रोहित कुमार सिंह राजस्थान कैडर के IAS हवे। ऊ कोरोना महामारी के पहिला लहर में राजस्थान में प्रमुख सचिव (स्वास्थ्य) रहस। ऊ फिलहाल केंद्रीय उपभोक्ता मंत्रालय में सेक्रेटरी बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]