Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Covid Report: फरवरी के बाद असम में 13 हजार नया कोरोना संक्रमित मिललें, 19 के मौत, अधिकतम केस

303

पिछला 24 घंटा में देश में 13 हजार से अधिका नया कोरोना संक्रमित मिलल बाड़े. एह दौरान 19 लोग के मौत हो गईल। असम में 14 फरवरी के बाद एक दिन में अधिकतम 161 केस मिलल बा।
केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के ओर से मंगलवार के जारी आंकड़ा के मुताबिक अब देश में 1,14,475 सक्रिय केस बाड़े। रोजाना संक्रमण के दर घट के 2.90 फीसदी हो गइल बा. सोमवार के मुक़ाबले नाया केस में भारी गिरावट आईल बा। सोमवार के पछिला 24 घंटा में 16,135 कोरोना केस दर्ज भईल, जबकि मंगलवार के 13,085 कोरोना केस मिलल। पछिला कुछ दिन में कोरोना संक्रमित के संख्या बढ़ावे के प्रक्रिया चल रहल बा। अतवार का दिने 16 हजार 103 गो कोरोना संक्रमित मिलल जबकि शनिचर का दिने 17 हजार 92 आ बियफे का दिने 17 हजार 70 गो संक्रमित मिलल.

संगही सोमवार के मुक़ाबले मंगलवार के दैनिक संक्रमण दर में भी भारी गिरावट आईल बा। सोमार का दिने ई 4.85 फीसदी रहल जबकि मंगल का दिने ई घट के 2.90 फीसदी हो गइल.

देश में कोरोना एक नज़र में

पिछला 24 घंटा में 13 हजार 86 गो मरीज मिलल बाड़े
4,35,31,650 देश में अब तक कुल केस
कुल 1,14,475 सक्रिय केस, 24 घंटा में 611 के बढ़ोतरी
पिछला 24 घंटा में महामारी से 19 लोग के मौत 5,25,242 कोरोना कुल मौत के संख्या
कोविड रिकवरी रेट 98.53 प्रतिशत बा
अभी तक 86.44 करोड़ लोग के कोविड के जांच करावल गईल बा
रोजाना संक्रमण के दर 2.90 प्रतिशत बा, जबकि साप्ताहिक संक्रमण के दर 3.81 प्रतिशत बा।

देश में मिलल नया वेरिएंट बीए.2.75, घबराहट के जरूरत नइखे

एही बीच अब देश में एगो नाया वेरिएंट बीए.2.75 के पहचान हो गईल बा लेकिन वैज्ञानिक एकरा संगे दूसरा वेरिएंट के लेके जादे चिंतित बाड़े जवन कि अलग-अलग राज्य में देखाई देता। एह वेरिएंट सभ के कारण वायरस के स्पाइक प्रोटीन संरचना में नौ गो बदलाव भइल बा जेह में से कुछ में डेल्टा नियर प्रतिरक्षा के कम करे के क्षमता बा। हालांकि वैज्ञानिक साफ-साफ कहतारे कि अभी घबराहट के जरूरत नईखे। एकरा चलते मौत के दर चाहे अस्पताल में भर्ती होखे के स्थिति में कवनो बदलाव नईखे भईल।

इजरायल के वैज्ञानिक एह बात के पुष्टि कइले

इजरायल के वैज्ञानिक ए बात के पुष्टि कईले रहले कि इ नाया वेरिएंट भारत में मिलल बा, जबकि केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के ओर से अभी तक कवनो टिप्पणी नईखे भईल। एकरा संगे-संगे इंसाको कहलस कि ओमाइक्रोन के सभ वेरिएंट भारत में पहिलही से मौजूद बा। बीए.2.75 वेरिएंट भी कुछ समय पहिले मिलल बा लेकिन चुनौती बीए.4 अवुरी बीए.5 वेरिएंट के संगे जादे बा जवन कि सीधा इम्यूनिटी के कम क रहल बा। ई महाराष्ट्र, कर्नाटक, दिल्ली, राजस्थान, जम्मू कश्मीर समेत कई राज्यन में पावल गइल बा. इंसाकाग के एगो वरिष्ठ वैज्ञानिक कहले कि, ए वेरिएंट के हाल में हाइलाइट कईल गईल बा। ई ओमाइक्रोन के ba.4 आ ba.5 उपप्रकार सभ से ढेर बिस्तार लिहले बा।

286780cookie-checkCovid Report: फरवरी के बाद असम में 13 हजार नया कोरोना संक्रमित मिललें, 19 के मौत, अधिकतम केस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.