IND W vs SL W: शेफाली वर्मा रचली इतिहास, टी20 अंतरराष्ट्रीय में 2000 रन बनावे वाली सबसे जुवा बैटर बनली 

शेफाली वर्मा - फोटो : @BCCIWomen

Share

महिला टी20 विश्व कप में भारतीय टीम के सामना श्रीलंका से हो रहल बा। एह मुकाबला में शेफाली वर्मा बड़ उपलब्धि हासिल कs लेले बाड़ी। ऊ महिला टी20 अंतरराष्ट्रीय मैचन में 2000 रन बनावे वाली सबसे कम उमिर के खिलाड़ी बन गइल बाड़ी। दाया हाथ के बल्लेबाज 20 साल आ 255 दिन के उमिर में ई उपलब्धि हासिल कइले बाड़ी।

शेफाली रोड्रिग्स के पीछे छोड़ली 

भारतीय बल्लेबाज आयरलैंड के बल्लेबाज गैबी लुईस के रिकॉर्ड तुड़ली। ऊ ई कारनामा 23 साल आ 35 दिन के उमिर में कइले रहली। एह बीच शेफाली ई उपलब्धि हासिल करे वाला सबसे कम उमिर के भारतीय बन गइल बाड़ी। ऊ जेमिमा रोड्रिग्स के पीछे छोड़ देली, जे एह साल के सुरुआत में पाकिस्तान के खिलाफ एशिया कप मैच में ई उपलब्धि हासिल कइले रहली।

शेफाली वर्मा के करियर

शेफाली महिला टी20 अंतरराष्ट्रीय में 2000 रन बनावे वाली पांचवीं भारतीय बल्लेबाज बन गइल बाड़ी। उनका से पहिले ई कारनामा स्मृति मंधाना, हरमनप्रीत कौर, मिताली राज आ जेमिमा रोड्रिग्स कइले रहे लो। 2019 में 15 साल के उमिर में शेफाली जयपुर के सवाई मानसिंह स्टेडियम में महिला टी20 चैलेंज में वेलोसिटी खातिर कुछ निडर पारी खेलके भारतीय टीम में जगह बनवले रहली। एकरा बाद शेफाली पीछे मुड़के ना देखली। ऊ ऑस्ट्रेलिया आ दक्षिण अफ्रीका में महिला टी20 विश्व कप के 2020 आ 2023 संस्करणन में हिस्सा लेली, बाकिर एको गो अर्धशतक ना लगा सकलें। शेफाली के नेतृत्व में भारत पीछिला साल अंडर-19 महिला टी20 विश्व कप जीतले रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-