Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs BAN वनडे: ईशान किशन लगवलें वनडे में सबसे तेज दोहरा शतक, क्रिस गेल-सहवाग सहित कई दिग्गज लोग के छोड़लें पीछे

496
ईशान किशन वनडे करियर में आपन पहिला दोहरा शतक बांग्लादेश के खिलाफ शनिचर के (10 दिसंबर) के लगवलें। ई उनके करियर के पहिला शतक भी ह। किशन चटगांव में अपने पारी के दौरान कई रिकॉर्ड तोड़ दिहले। ई वनडे में सबसे तेज दोहरा शतक लगावे वाला खिलाड़ी बन गइलें। एह मामला में ऊ वेस्टइंडीज के पूर्व विस्फोटक बल्लेबाज क्रिस गेल के रिकॉर्ड तोड़ दिहलें। किशन 131 गेंद पर 210 रन बना के आउट भइलें। ऊ अपनी पारी में 24 चौक अउर 10 छक्का लगवलें।
किशन 126 गेंद पर आपन दोहरा शतक लगवलें। क्रिस गेल के बात कइल जाव त ऊ 2015 विश्व कप में जिम्बाब्वे के खिलाफ 215 रन के पारी खेलले रहनें। गेल ऑस्ट्रेलिया के कैनबरा में 138 गेंद पर दोहरा शतक लगवले रहनें। किशन भारत खातिर वनडे में दोहरा शतक लगावे वाले चउथा बल्लेबाज बन गइल बानें। उनसे पहिले सचिन तेंदुलकर, वीरेंद्र सहवाग अउर रोहित शर्मा दोहरा शतक लगवले रहनें। ओवरऑल रिकॉर्ड के बात कइल जाव त उ दोहरा शतक लगावे वाले दुनिया के सातवां बल्लेबाज हवें। ई वनडे के नौवां दोहरा शतक ह। रोहित शर्मा एक से ज्यादा दोहरा शतक लगावे वाले इकलौता बल्लेबाज बानें। ऊ तीन बेर अइसन कइले बानें।

भारत खातिर दोहरा शतक लगावे वाले खिलाड़ी

खिलाड़ी रन खिलाफ साल
रोहित शर्मा 264 श्रीलंका  2014
वीरेंद्र सहवाग 219 वेस्टइंडीज 2011
ईशान किशन 210 बांग्लादेश 2022
रोहित शर्मा 209 ऑस्ट्रेलिया 2013
रोहित शर्मा 208* श्रीलंका 2017
सचिन तेंदुलकर 200* दक्षिण अफ्रीका 2010
406560cookie-checkIND vs BAN वनडे: ईशान किशन लगवलें वनडे में सबसे तेज दोहरा शतक, क्रिस गेल-सहवाग सहित कई दिग्गज लोग के छोड़लें पीछे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.