Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

27 जनवरी के रांची में इंडिया-न्यूजीलैंड के बीचे होई T-20 मैच

1,099

रांची: अगिला साल के सुरुआत में रांची के एगो इंटरनेशनल क्रिकेट मैच के मेजबानी के मौका मिली। बीसीसीआइ जवन क्रिकेट के कैलेंडर तय कइले बा, ओकरा मोताबिक भारत आ न्यूजीलैंड के बीचे टी-20 इंटरनेशनल क्रिकेट मैच सीरीज के पहिला मैच जेएससीए स्टेडियम, रांची में 27 जनवरी के होई। एकरा अलावे दूसरका टी-20 मैच 29 फरवरी के लखनऊ आ तीसरा मैच 1 फरवरी के अहमदाबाद में खेलल जाई। एह टी-20 सीरीज से पहिले न्यूजीलैंड टीम 18 जनवरी के हैदराबाद, 21 जनवरी के रायपुर आ 24 जनवरी के इंदौर में वनडे मैचन के सीरीज खेली। न्यूजीलैंड टीम से पहिले श्रीलंका के टीम 3 जनवरी से 15 जनवरी के बीच 3-3 वनडे आ टी-20 मैच खेले भारत आई।

जेएससीए स्टेडियम में बा इंडिया के बढ़िया रिकॉर्ड

गौर करे आला बात बा कि अब तक जेएससीए स्टेडियम, रांची 3 इंटरनेशनल टी-20 मैचन के मेजबानी कर चुकल बा। 19 फरवरी 2016 के भइल मैच में भारतीय टीम श्रीलंका के 69 रन से हरा के जीतल रहे। 7 अक्टूबर 2017 के ऑस्ट्रेलिया के ऊ नौ विकेट से हरवले रहे। 19 नवंबर 2021 के न्यूजीलैंड के सात विकेट से हरवले रहे।

405170cookie-check27 जनवरी के रांची में इंडिया-न्यूजीलैंड के बीचे होई T-20 मैच

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.