Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

स्वतंत्रता के 75वां बरिस के उपलक्ष्य में सोना आ चांदी से बनल “आजादी के अमृत महोत्सव कॉइन” जारी कइल

514

आजादी के 75 वां बरिस के यादगार बनावे खातिर समूचा देश में अलग-अलग तरे के मुहिम आ कार्यक्रमन के आयोजन हो रहल बा। अइसन में स्वतंत्रता के 75वां बरिस के उपलक्ष्य में MMTC-PAMP कावर से ‘आजादी के अमृत महोत्सव कॉइन’ सिक्का जारी कइल गइल बा।

‘आजादी के अमृत महोत्सव कॉइन’ सीरीज में दु तरे के सिक्का जारी कइल गइल बा जवन सोना आ चांदी के बा आ 24 कैरेट आ 999.9 % शुद्ध बा। सोना के सिक्का 10 ग्राम में आ चांदी के सिक्का 31.1 आ 50 ग्राम में उपलब्ध बा।

बता दीं कि ई दुनो सिक्का युवा आ आत्मनिर्भर भारत के संगही कइयन गो बलिदानन से मिलल आजादी के 75 बरिसन के बढ़न्ती के प्रतीक हs।

साभार: संस्कृति विभाग, उत्तर प्रदेश

301980cookie-checkस्वतंत्रता के 75वां बरिस के उपलक्ष्य में सोना आ चांदी से बनल “आजादी के अमृत महोत्सव कॉइन” जारी कइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.