Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर चिड़ियाघर में सूख गइल ‘VIP’ पौधा, जलशक्ति मंत्री के पौधओ सूखके भइल कांटा

320

वन सप्ताह समारोह के तहत चिड़ियाघर में रोपल गइल ‘वीवीआईपी’ पौधे सूख गइल बानें सब। गोरखपुर मंडल के प्रभारी अउरी जलशक्ति मंत्री स्वतंत्र देव सिंह जौन पौधा लगवले रहने, उहो सूखके कांटा हो गइल बा। कुछ अउरी जनप्रतिनिधियन के लगावल पौधा सूख गइल बा। चिड़ियाघर परिसर में लागल वीवीआईपी पौधन के सुरक्षित रखे खातिर जरूरी संसाधन तक नाइ बा।

एक से सात जुलाई के बीच वन सप्ताह समारोह मनावल गईल रहल। वन सहित 25 विभाग पांच जुलाई को ही 37.52 लाख  पौधा लगवले के दावा कइले रहल। मंत्री, सांसद, विधायक अउरी मेयर से चिड़ियाघर में पौधा लगवावल गइल रहल। एह पौधन के सेहत के बुधवार के पड़ताल कइल गईल त चौंकावे वाला तथ्य सामने आइल।

पता चलल कि वीवीआईपी के हाथ लागल ज्यादातर पौधा सूख गइल बा। तमाम पौधा अइसन बा, जहां ट्री गार्ड ही नाइ रहल। शहर लोकसभा क्षेत्र से भाजपा सांसद रवि किशन शुक्ला के नाम वाले पौधा के पास ही लागल, दुसरको पौधा सूख चुकल होई। एकर फोटो सोशल मीडिया पर वायरल हो रहल बा। कहल जा रहल बा कि जब सुरक्षित माने जाए वाले चिड़ियाघर में लागल पौधा सूख गइल त बाहर लगावल गइल पौधन के का हाल भइल होई।

301560cookie-checkगोरखपुर चिड़ियाघर में सूख गइल ‘VIP’ पौधा, जलशक्ति मंत्री के पौधओ सूखके भइल कांटा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.