मशरख में बिजली के चपेट में अइला से सरकारी शिक्षक के मौत

मृतक के फाइल फोटो।

Share

मशरख। दीपावली के रात बिजली के चपेट में अइला से मशरख थाना क्षेत्र के जजौली के एगो व्यक्ति के मौत होखे के खबर बा। देर रात बिजली के काम करे के दौरान ई घटना भइल। मृतक सरकारी शिक्षक हवे। उनकर पहचान जजौली कोईरी टोला निवासी अजय मेहता (36) पिता असर्फी लाल मेहता के रूप में कइल गइल बा।

मृतक पड़ोसी जिला गोपालगंज के उत्क्रमित मध्य विद्यालय नयागांव हथुआ में पदस्थापित रहस। दिवाली पs छुट्टी लेकर घरे आइल रहस।  करंट लगला के बाद परिजन इलाज खातिर अस्पताल लेके पहुंचल लो जहां डॉक्टर मृत घोषित कs देलें।

पंखा ठीक करत घरी भइल घटना

घटना के बारे में परिजन लोग बतावल कि ऊ पंखा ठीक करत रहस। एह दौरान करंट लगला से बेहोश हो गइलें। इलाज खातिर सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र मशरक में भरती करावल गइल। जहां ड्यूटी पs तैनात डॉक्टर मृत घोषित कs दिहलें। मृतक अपना परिवार के एकमात्र कमाऊ सदस्य रहस। मवका पs पहुंच पुलिस जांच पड़ताल सुरू कs देले बिया।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-