गोरखपुर। यूपी के गोरखपुर जिला में सुक के एगो दर्दनाक सड़क हादसा हो गइल। दोहरीघाट-आजमगढ़ मार्ग पs तेज रफ्तार ट्रेलर के चपेट में अइला से बाइक सवार मां-बेटा के मौत हो गइल। हादसा दोहरीघाट थाना क्षेत्र के रामनगर पुलिस बूथ के लगे सुक के करीब 11 बजे भइल।
दुर्घटना के बाद ट्रेलर चालक गाड़ी कुछ दूर खड़ा कs के मवका से फरार हो गइल। पुलिस ट्रेलर के कब्जा में लेके दुनो शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस। घटना के सूचना मिलतही मृतक के परिजन मवका पs पहुंच गइल लो।
मिलल जानकारी के मोताबिक, बड़हलगंज थाना क्षेत्र के बेलवा गांव निवासी बिंदु देवी (42) अपना 16 साल के बेटा सूरज यादव के संगे बाइक से आजमगढ़ दवाई लेवे जात रहली। दुनो लोग रामनगर पुलिस बूथ के लगे पहुंचल रहे, तबे सामने से आ रहल तेज रफ्तार ट्रेलर बाइक में जोरदार टक्कर मार देलस। टक्कर के बाद मां-बेटा बाइक सहित ट्रेलर के नीचे आ गइल।
ट्रेलर चालक दुनो के कुचलत निकल गइल
बतावल जा रहल बा कि टक्कर के बाद चालक ट्रेलर रोके के बजाय गाड़ी आगे बढ़ावत रहे। ट्रेलर दुनो के कुचलत कुछ दूर तक चल गइल। गंभीर हादसा के चलते मां-बेटा के घटनास्थले पs मौत हो गइल। घटना के बाद आसपास के लोग घटनास्थल पs जुट गइलें। हादसा के चलते कुछ देर खातिर अफरातफरी के माहौल बन गइल।
चालक के खिलाफ मुकदमा
सूचना मिलतही दोहरीघाट पुलिस मवका पs पहुंचल आ ट्रेलर के कब्जा में ले लेलस। पुलिस दुनो शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस। बाद में मृतक के परिजन घटनास्थल पs पहुंचल लो आ ट्रेलर चालक के खिलाफ तहरीर दिहल।
दोहरीघाट थानाध्यक्ष रामायण सिंह बतवलें कि मृतक दुनो बड़हलगंज थाना क्षेत्र के बेलवा गांव के निवासी रहे लोग। परिजन के तहरीर के आधार पs चालक के खिलाफ मुकदमा दर्ज कs के आगे के कार्रवाई कइल जा रहल बा।









