Canada US Trade War : कनाडा-अमेरिका में बढ़ल ट्रेड वार, बातचीत रोकलस कनाडा, PM कार्नी बोललें- डॉलर के बदले डॉलर से मिली जवाब

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 22, 2026

सेंट्रल डेस्क। कनाडा आ अमेरिका के बीच व्यापारिक तनाव एक बेर फेर बढ़ गइल बा। कनाडा के प्रधानमंत्री मार्क कार्नी अमेरिका के संगे चल रहल द्विपक्षीय व्यापार वार्ता रोक देले बाड़ें। कार्नी के कहनाम बा

Share

Mark Carney and Donald Trump amid Canada US trade tensions

सेंट्रल डेस्क। कनाडा आ अमेरिका के बीच व्यापारिक तनाव एक बेर फेर बढ़ गइल बा। कनाडा के प्रधानमंत्री मार्क कार्नी अमेरिका के संगे चल रहल द्विपक्षीय व्यापार वार्ता रोक देले बाड़ें। कार्नी के कहनाम बा कि अमेरिका अंतिम समय में प्रस्तावित शर्तन में जवन बदलाव कइले बा, ऊ कनाडा खातिर अनुचित आ आर्थिक रूप से नुकसानदेह बा।

कनाडा के ओर से एह फैसला के अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के ओह बयान के कुछ देर बाद लिहल गइल, जवना में ऊ कनाडा के संगे व्यापार समझौता होखे के उम्मीद जतवले रहलें।

कनाडा के मुख्य मांग का बा?

प्रधानमंत्री मार्क कार्नी के मोताबिक, हाल के बातचीत में कुछ प्रगति जरूर भइल, बाकिर कनाडा के प्रमुख लक्ष्य अभियो पूरा नइखे भइल। कनाडा चाहत बा कि ओकर व्यवसायन के अमेरिकी बाजार में टैरिफ-फ्री पहुंच मिले।

एकरा अलावे प्रमुख उद्योगन पs अमेरिकी टैरिफ घटावल जाये आ छोट आ मध्यम आकार के व्यवसायन के सुरक्षा सुनिश्चित कइल जावs।

कार्नी कहलें कि पिछिला 18 महीना में कनाडा सरकार घरेलू अर्थव्यवस्था मजबूत करे, वैश्विक व्यापारिक साझेदारी बढ़ावे आ अमेरिका के संगे निष्पक्ष समझौता करे पs जोर देले बा।

अमेरिका के टैरिफ के जवाब दी कनाडा

कनाडाई सरकार के मोताबिक, अमेरिका करीब 28 अरब कनाडाई डॉलर के सामान पs 50 फीसदी टैरिफ लगावे के तइयारी में रहे। एकरा पs प्रधानमंत्री कार्नी कहलें कि कनाडा बराबर जवाब दी।

कार्नी के मोताबिक, डॉलर के बदले डॉलर के आधार पs समान टैरिफ लागू कइल जा सकेला। कनाडा अब अमेरिका पs आपन व्यापारिक निर्भरता कम करे खातिर आउर वैश्विक बाजारन में कारोबार बढ़ावे के योजना पs काम कs रहल बा।

कनाडा के मवजूदा मुक्त व्यापार समझौता करीब 1.5 अरब उपभोक्तन तक पहुंच उपलब्ध करावेला। सरकार के लक्ष्य बा कि साल के अंत तक एह पहुंच के दोगुना कइल जावs।

कनाडाई कारोबार आ कर्मचारियन खातिर अतिरिक्त मदद

कनाडा सरकार कारोबार आ कर्मचारियन के मदद खातिर अतिरिक्त उपाय करे के संकेत देले बिया। पिछिला 18 महीना में सरकार करीब 25 अरब कनाडाई डॉलर के सहायता दे चुकल बा। प्रधानमंत्री कार्नी के कहनाम बा कि कनाडा के आर्थिक ताकत बढ़ावे आ अमेरिका पs निर्भरता कम करे खातिर वैश्विक साझेदारियन के संगे व्यापार बढ़ावल जरूरी बा।

अमेरिका के व्यापार प्रतिनिधि कनाडा पs लगवलस आरोप

ओने, अमेरिकी व्यापार प्रतिनिधि जेमिसन ग्रीर कनाडा के फैसला के आलोचना कइले बाड़ें। उनका मोताबिक, कनाडा एह हफ्ता के सुरुआत में तय शर्तन के आधार पs व्यापार समझौता के अंतिम रूप देवे से पीछे हट गइल।

ग्रीर के कहनाम बा कि अमेरिका कनाडा के बाजार में बड़ निर्यातक देसन के समान सर्वोत्तम वरीयता देवे के प्रस्ताव रखले रहे। हालांकि, कनाडा के नया मांग आ पुरान वादा से पीछे हटे के चलते बातचीत के संतुलन बिगड़ गइल।

ट्रंप समझौता के उम्मीद जतवले रहलें

कनाडा के वार्ता रोके से पहिले अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप कनाडा के संगे समझौता होखे के उम्मीद जतवले रहलें।

साउथ कैरोलिना के मर्टल बीच रवाना होखे से पहिले पत्रकारन से बातचीत में ट्रंप कहलें कि कनाडा के प्रधानमंत्री के संगे उनकर बातचीत बढ़िया रहल बा। उ कहलें कि अमेरिका के आपन किसानन के हित के धेयान रखे के बा आ कनाडा के संगे व्यापार समझौता आगे बढ़े के उम्मेद बा।

अब कनाडा के वार्ता रोकला के बाद दुनो देसन के बीच ट्रेड वार के तनाव आउर बढ़े के आशंका जतावल जा रहल बा।

Read Also: Gorakhpur : गोरखपुर में दर्दनाक हादसा, तेज रफ्तार ट्रेलर मां-बेटा के कुचललस, दवाई लेवे जात घरी दुनो के मौत

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.