गोरखपुर। गोरखपुर के अलग-अलग इलाकन में सोमार के दिन बिजली आपूर्ति प्रभावित रही। बिजली विभाग के अनुसार सड़क चौड़ीकरण, लाइन शिफ्टिंग आ भूमिगत केबल के अनुरक्षण काम के चलते कइयन गो फीडरन से बिजली सप्लाई कुछ घंटा खातिर बंद रखल जाई। विभाग उपभोक्ता लोगन से अपील कइले बा कि जरूरी घर के आ कारोबार से जुड़ल काम पहिलही पूरा कs लीं।
बक्शीपुर इलाका में सांझ 4 बजे तक बंद रही बिजली
बक्शीपुर विद्युत उपखंड के एसडीओ पुष्पेंद्र सिंह बतवलें कि सड़क चौड़ीकरण के काम के चलते दीवान बाजार, अलीनगर, जटाशंकर, मान चौराहा आ बक्शीपुर फीडर से जुड़ल इलाकन में सुबह 11 बजे से सांझ 4 बजे तक बिजली आपूर्ति बंद रही। एह दौरान एह इलाका के लोगन के बिजली ना मिली।
लाइन शिफ्टिंग के चलते एह फीडरन पs रही असर
विद्युत माध्यमिक कार्यखंड के अधिशासी अभियंता सुजीत गुप्ता के मोताबिक, सड़क चौड़ीकरण आ लाइन शिफ्टिंग के चलते कइयन गो आउर फीडरन से बिजली आपूर्ति प्रभावित रही।
- इंडस्ट्रियल एस्टेट उपकेंद्र के पश्चिमी जनप्रिय फीडर
- दुर्गाबाड़ी उपकेंद्र के हनुमंत नगर फीडर
- खोराबार उपकेंद्र के सूबा बाजार फीडर
- खुटहन उपकेंद्र के नगर निकाय फीडर
एह सभ फीडर से जुड़ल इलाकन में सबरे 9 बजे से दुपहरिया 1 बजे तक बिजली आपूर्ति बंद रही।
भूमिगत केबल के काम से विष्णुमंदिर फीडर रही बंद
शाहपुर उपकेंद्र के एसडीओ वीके जायसवाल बतवलें कि कलेसिया चर्च के लगे भूमिगत केबल के जांच आ अनुरक्षण के काम होखी। एह चलते विष्णुमंदिर फीडर से जुड़ल इलाकन में सबेरे 10 बजे से दुपहरिया 2 बजे तक बिजली आपूर्ति बाधित रही।
बिजली विभाग के अपील
बिजली विभाग उपभोक्ता लोगन से आग्रह कइले बा कि तय समय के दौरान बिजली बंद रहे के संभावना के देखते जरूरी घर के आ बेवसायिक काम पहिलही निपटा लीं। विभाग के कहनाम बा कि अनुरक्षण आ लाइन शिफ्टिंग के काम पूरा होखते संबंधित फीडरन से बिजली आपूर्ति फेर से सामान्य कs दिहल जाई।
Read Also:06 जुलाई 2026 के राशिफल









