Ram Mandir Trust Meeting : चंपत राय आ अनिल मिश्र के इस्तीफा पs आज हो सकेला फैसला, राम मंदिर ट्रस्ट के बैठक में बड़ निर्णय 

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 6, 2026

अयोध्या। राम मंदिर के चढ़ावा चोरी ममिला के बीच श्रीरामजन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के एगो महत्वपूर्ण बैठक आज (सोमार) होखे जा रहल बा। एह बैठक में ट्रस्ट के महासचिव चंपत राय आ सदस्य डॉ. अनिल

Share

Police investigation into the Ram Mandir donation theft case with WhatsApp chat evidence and SIT inquiry in Ayodhya.

अयोध्या। राम मंदिर के चढ़ावा चोरी ममिला के बीच श्रीरामजन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के एगो महत्वपूर्ण बैठक आज (सोमार) होखे जा रहल बा। एह बैठक में ट्रस्ट के महासचिव चंपत राय आ सदस्य डॉ. अनिल कुमार मिश्र के इस्तीफा पs फैसला हो सकेला। एकरा संगही ट्रस्ट के कामकाज आ भविष्य के रणनीति से जुड़ल कइयन गो अहम फैसला लिहल जा सकेला।

दुपहरिया 3 बजे सुरू होई बैठक

ई बैठक दुपहरिया 3 बजे से श्रीरामजन्मभूमि परिसर के यात्री सुविधा केंद्र में होई। एमे ट्रस्ट के जादेतर सदस्यन के मवजूद रहे के संभावना बा। चढ़ावा चोरी के ममिला सामने अइला के बाद ई पहिला महत्वपूर्ण बैठक मानल जा रहल बा।

सूत्रन के मोताबिक, ट्रस्ट में कुछ नया पदाधिकारी के जिम्मेदारी देवे आ संगठनात्मक बदलाव पs चरचा हो सकेला।

5 जून के सामने आइल रहे चढ़ावा चोरी के ममिला

राम मंदिर में चढ़ावा चोरी के ममिला 5 जून के पहिला बेर सामने आइल रहे। एह घटना के बाद 13 जून के एसआईटी (SIT) के गठन कइल गइल। सुरुआती जांच के आधार पs अभी तक 8 गो आरोपियन के गिरफ्तार कइल जा चुकल बा। जांच अभीयो जारी बा।

बैठक में सामिल होखे खातिर अयोध्या पहुंचलें ट्रस्टी

बैठक में हिस्सा लेवे खातिर जगद्गुरु शंकराचार्य स्वामी वासुदेवानंद सरस्वती, युगपुरुष स्वामी परमानंद आ कृष्णमोहन अयोध्या पहुंच चुकल बा लाेग।

ट्रस्ट के कोषाध्यक्ष गोविंददेव गिरि, नृपेंद्र मिश्रा, स्वामी विश्वप्रसन्नतीर्थ सहित आउर सदस्य दुपहरिया 3 बजे से पहिले अयोध्या पहुंच जाई लोग।

कुछ सदस्य वर्चुअल तरीका से जुड़ी लोग

ट्रस्ट के कोषाध्यक्ष गोविंददेव गिरि सब सदस्यन से बैठक में मवजूद रहे के अपील कइले बाड़ें। जबकि वरिष्ठ अधिवक्ता के. पारासरन सहित कुछ ट्रस्टी वर्चुअल माध्यम से बैठक में सामिल होई लोग।

राम मंदिर चढ़ावा विवाद के बाद होखे जा रहल एह बैठक पs सभे के नजर टिकल बा। मानल जा रहल बा कि बैठक में ट्रस्ट के नेतृत्व, जवाबदेही आ भविष्य के बेवस्था के लेके कइयन गो महत्वपूर्ण फैसला सामने आ सकेला।

Read Also: Power Cut Today : आज गोरखपुर के कइयन गो इलाकन में बिजली रही बाधित, जानीं कवन-कवन फीडर पs पड़ी असर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.